Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वोडाफोन आइडिया के FPO ओपन भइल : 22 अप्रिल तक बोली लगा सकी लो रिटेल निवेशक, मिनिमम इन्वेस्टमेंट ₹14,278

595
टेलीकॉम कंपनी वोडाफोन आइडिया (VI) के फॉलो-ऑन पब्लिक ऑफर माने FPO आज ओपन हो गइल बा। एह इश्यू के माध्यम से कंपनी ₹18,000 करोड़ जुटावल चाहत बिया।

रिटेल निवेशक एह FPO खातिर 22 अप्रिल तक बोली लगा सकत बा लो। 25 अप्रिल के बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) आ नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs कंपनी के ई शेयर लिस्ट होई। एकरा पहिले VI 74 एंकर इन्वेस्टर्स से 5,400 करोड़ रुपिया जुटवले बिया।

अगर रउओ एह FPO में पैसा लगावे के प्लान बना रहल बा तs हम रउआ के बता रहल बानी कि रउआ एमे केतना निवेश कs सकत बानी।

मिनिमम आ मैक्सिमम केतना पईसा लगा सकत बानी?
एह FPO खातिर रिटेल निवेशक मिनिमम एगो लॉट माने 1298 शेयर खातिर अप्लाई कs सकत बानी। कंपनी FPO के प्राइज बैंड ₹10-₹11 प्रति शेयर तय कइल गइल बा। जदि रउआ FPO के अपर प्राइज बैंड ₹11 के हिसाब से 1 लॉट खातिर अप्लाय कs सकत बानी तs रउआ ₹14,278 लगावे के होई। रिटेल निवेशक अधिकतम 14 लॉट माने 18172 शेयर खातिर बिडिंग कs सकत बानी, जवना खातिर ₹199,892 इन्वेस्ट करे के होई।

VI एंकर इन्वेस्टर्स से 5,400 करोड़ रुपिया जुटवलस

FPO ओपन होखे से पहिले VI 74 एंकर इन्वेस्टर्स से 5,400 करोड़ रुपिया जुटवले बा। कंपनी BSE फाइलिंग में बीतल दिन एह बात के जानकारी देले बा। VI एकरा खातिर 11 रुपिया प्रति शेयर के हिसाब से 491 करोड़ शेयर्स एलॉकेट कइलस।

निवेशकन में सबसे जादे 26% शेयर GQG पार्टनर्स  के मिलल बा , GQG एकरा खातिर 1,345 करोड़ रुपिया के निवेश कइले बा। एकरा अलावा फिडेलिटी इन्वेस्टमेंट्स ₹772 करोड़, ट्रू-कैपिटल आ ऑस्ट्रेलियन सुपर ₹331 करोड़ आउर ₹130 करोड़ के इन्वेस्टमेंट कइले बा।

निवेशकन में द मास्टर ट्रस्ट बैंक ऑफ जापान, UBS, मॉर्गन स्टेनली इन्वेस्टमेंट मैनेजमेंट, सिटीग्रुप ग्लोबल मार्केट्स, ऑस्ट्रेलियन सुपर, फिडेलिटी, क्वांट आ मोतीलाल ओसवाल सामिल बा।

ई अब तक के सबसे बड़ FPO

ई अब तक के सबसे बड़ FPO बा। भारतीय मार्केट में अभी सबसे बड़ FPO यस बैंक के हs, जवन 15 हजार करोड़ रुपिया रहे। ओहिजा, अडाणी एंटरप्राइजेज पिछलाआवे साल जनवरी में 20 हजार करोड़ रुपिया के IPO ले आवे के रहे। हालांकि, बाद में कंपनी एकरा के वापस ले लिहल गइल । अगर अइसन करित तs अडाणी एंटरप्राइजेज सबसे बड़ FPO ले वाली कंपनी होइत।

4G सर्विस बेहतर आ  5G रोलआउट खातिर फंड के इस्तेमाल करी कंपनी

मीडिया रिपोर्ट के , कंपनी एह फंड के इस्तेमाल 5G रोलआउट करे आ 4G सर्विस के बेहतर करे में करी। एकरा संगही ई फंडरेजिंग कंपनी के अपना कॉम्पिटेटिव पोजिशनिंग में सुधार करे आ बेहतर कस्टमर एक्सपीरियंस प्रोवाइड करहूँ  सक्षम बनाई।

वोडाफोन आइडिया पs 210000 करोड़ के कर्ज

वोडाफोन आइडिया वित्तीय दिक्कतन से जूझ रहल बिया, जवना पs 2,10,000 करोड़ के करजा बा । वोडाफोन आइडिया अपना कॉम्पिटिटर्स (Jio आ  भारती एयरटेल) के संगे कॉम्पिटिशन करे खातिर अपना सर्विस आ बेसिक इंफ्रास्ट्रक्चर में सुधार कइल चाहत बिया। कंपनी अभी रिलायंस जियो आ भारती एयरटेल जइसन बड़ कॉम्पिटिटर्स से बहुते पीछे बा

FPO का होला?

फॉलो ऑन पब्लिक ऑफर (FPO) एक अइसन प्रोसेस बा जवना अइसन कंपनी जवन पहिले से शेयर बाजार में लिस्ट बा, ऊ निवेशकन भा मवजूदा शेयर होल्डर्स, आम तौर पs प्रमोटर्स के नया शेयर इश्यू करत बा। आसान भाषा में समझी तs शेयर बाजार में लिस्टेड कंपनी सेकेंडरी मार्केट में नया शेयर इश्यू करs के फंड जुटावत बा ।

794740cookie-checkवोडाफोन आइडिया के FPO ओपन भइल : 22 अप्रिल तक बोली लगा सकी लो रिटेल निवेशक, मिनिमम इन्वेस्टमेंट ₹14,278

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.