राजस्थान के टोंक में हिंसा: अब ले 60 लोग गिरफ्तार, आरोपी नरेश मीणा फरार

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

  राजस्थान के टोंक जिला के देवली उनियारा विधानसभा क्षेत्र में बुधवार के भारी हिंसा भईल। इलाका में भईल उपचुनाव के दौरान निर्दलीय के रूप में चुनाव लड़त नरेश मीणा चुनावी ड्यूटी पs तैनात एसडीएम

Share

टोंक के देवली उनियारा में हिंसा

 

राजस्थान के टोंक जिला के देवली उनियारा विधानसभा क्षेत्र में बुधवार के भारी हिंसा भईल। इलाका में भईल उपचुनाव के दौरान निर्दलीय के रूप में चुनाव लड़त नरेश मीणा चुनावी ड्यूटी पs तैनात एसडीएम अमित चौधरी के थप्पड़ मार देलस। एकरा बाद पुलिस जब नरेश मीणा के गिरफ्तार करे गईल तs समरावता गांव के लोग पुलिस पs हमला कs हिंसा के सहारा लेले। नरेश मीणा के समर्थक भी बहुत गाड़ी में आग लगा देले। अब पुलिस एs मामला में कड़ा कार्रवाई करतिया।

अबे ले 60 लोग के गिरफ्तार

टोंक जिला के देवली उनियारा विधानसभा क्षेत्र के उपचुनाव के निर्दलीय उम्मीदवार नरेश मीणा के पुलिस पकड़े के कोशिश कईले रहे। हालांकि एही दौरान समरावता गांव में हंगामा, पत्थरबाजी अवुरी आगजनी के घटना भईल। अजमेर रेंज के आईजी ओम प्रकाश बतवले बाड़न कि पुलिस अबले एह मामिला में 60 लोग के कs लिहले बिया.

नरेश मीणा के खोज जारी बा

टोंक हिंसा के बारे में जिला के अपर एसपी बृजेन्द्र सिंह भाटी कहले कि हमनी के स्थिति के जायजा लेतानी। हमनी के कुछ गिरफ्तारी कईले बानी। हम नरेश मीणा के तलाश में बानी। विस्तृत जानकारी हमनी के बाद में देब जा।  देओली उनियारा के समरावता गाँव में काल्हु रात भइल हिंसा के बाद सुरक्षा अउरी मजबूत हो गइल बा. पुलिस लगातार इलाका में गश्त करतिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.