[the_ad_group id="30365"]

मणिपुर में फेर भड़कल हिंसा, अंधाधुंध फायरिंगआ बम से हमला

मणिपुर में फेर हिंसा: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मणिपुर के मुख्यमंत्री एन बीरेन सिंह के कुकी-जो समुदाय खातिर अलग प्रशासन के मांग के खारिज कईला के बाद इहाँ एक बेर फेर हिंसा भड़कल बा। ताजा मामला इंफाल पश्चिम जिला के हs, जहां अतवार के संदिग्ध आतंकवादी के हमला में एगो महिला समेत दु लोग के मउत हो गईल अवुरी 9 लोग घाही हो गईले। एs हमला के बाद सुरक्षा बल के टीम अलर्ट मोड पs बा।

पुलिस के मुताबिक आतंकवादी कोत्रुक अवुरी पड़ोसी कडांगबांड में घाटी के निचला इलाका के ओर पहाड़ी के ऊपरी हिस्सा से अंधाधुंध फायरिंग अवुरी बम फेकले। कडांगबांड इलाका के लोग के दावा बा कि ड्रोन से एगो घर पs बम गिरावल गईल। पुलिस के कहनाम बा कि एs हमला में दु लोग के मउत हो गईल, जबकि 9 लोग घाही हो गईले। उs बतवले कि उग्रवादी के ओर से भईल गोलाबारी में बहुत घर के भी नुकसान पहुंचल बा। अस्पताल के अधिकारी बतवले कि नौ जने घाही में से पांच लोग के गोली लागल बा, जबकि बाकी लोग के छर्रा लागल बा।

पुलिस के कहनाम बा कि गांव पs अचानक भईल हमला से लोग में दहशत मच गईल, जवना के चलते महिला, बच्चा अवुरी बुजुर्ग समेत बहुत लोग सुरक्षित जगह पs फरार हो गईले। मरेवाली महिला के पहचान 31 साल के नंगबाम सुरबाला देवी के रूप में भईल बा। लाश के पोस्टमार्टम खातिर क्षेत्रीय चिकित्सा आयुर्विज्ञान संस्थान (आरआईएमएस) ले जाइल गइल बा। पुलिस के कहनाम बा कि, बाकी मरेवाला के पहचान अबे ले नईखे भईल। एह इलाका में राज्य आ केन्द्रीय इकाई समेत सुरक्षा बल के तैनाती कइल गइल बा जवना से हालात स्थिर हो गइल बा.

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]