[the_ad_group id="30365"]

व‍िनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक 2024 से बाहर, अखि‍लेश कइले जांच के मांग; ड‍िंपल बोलली- सरकार जारी करे बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के अधिका वजन के चलते महिला कुश्ती 50 किलो वर्ग में अयोग्य करार दिहला के बाद अखिलेश यादव विनेश फोगाट के फाइनल में ना खेल पावे के तकनीकी कारणन के गहिराह जाँच करे के मांग कइले बाड़न। जबकि डिंपल यादव कहली कि पूरा देश के बड़ झटका लागल बा। उनका के अयोग्य काहें करावल गइल एकर उच्च स्तरीय जांच होखे के चाहीं।

भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के अधिका वजन का चलते महिला कुश्ती 50 किलो वर्ग से अयोग्य करार दिहला का बाद फाउल प्ले के आशंका पैदा हो रहल बा। समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव कहले कि विनेश फोगाट के फाइनल में ना खेले पावे के तकनीकी कारण के गहरा जांच होखे के चाही आ इ सुनिश्चित होखे के चाही कि सच्चाई का बा अउरी एकरा पीछे असली कारण का बा।

समाजवादी पार्टी के सांसद डिंपल यादव कहली कि, “पूरा देश के बहुत बड़ झटका लागल बा। उनका के अयोग्य काहें कइल गइल एकर उच्च स्तरीय जांच होखे के चाही। सरकार के एकरा पs बयान जारी करे के चाही। एकर पूरा जांच होखे के चाही।”

पेरिस ओलंपिक के आखिरी मैच से पहिलहु पहलवान विनेश फोगाट मैदान से बाहर बाड़े। विनेश फोगाट के वजन अधिका होखला के चलते ओलंपिक से बाहर कर दिहल गइल.। उऽ 50 किलो वजन श्रेणी के अंतिम मैच में ना खेलीहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]