[the_ad_group id="30365"]

हिरासत में लिहल गइले रजनीकांत के फिल्म में विलन बनल विनायकन

South actor vinayakan
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Actor Vinayakan: रजनीकांत के फिल्म ‘जेलर’ में खलनायक के भूमिका निभावे वाला मशहूर मलयालम अभिनेता विनायकन के हैदराबाद के राजीव गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर हिरासत में लिहल गइल बा। उनका प एयरपोर्ट पs हंगामा करे आ इंडिगो गेट के कर्मचारी के संगे बदसलूकी करे के आरोप बा। कथित तौर पs अभिनेता नशा में धुत्त रहले आ सार्वजनिक जगह प बेकाबू व्यवहार करत रहले।

दर्ज भइल केस 

अभिनेता विनायकन कोच्चि से हैदराबाद चहुँप गइल रहले आ गोवा जात रहले। उनकर एगो वीडियो सामने आईल बा, जवना में उऽ एयरपोर्ट के फर्श प शर्ट उतार के बइठले आ कर्मचारी पs चिल्लात देखाई देतारे। घटना के बाद एयरपोर्ट प मौजूद सीआईएसएफ के सुरक्षा टीम विनायक के हिरासत में लेके स्थानीय हवाई अड्डा पुलिस के सौंप देलस। एयरपोर्ट थाना के सीआई बलराज कहले कि, ‘केस दर्ज हो गइल बा आ जांच जारी बा।’

पहिलहू मुसीबत में पड़ल बाड़े

ई पहिला बेर नइखे कि विनायकन मुसीबत में पड़ल बाड़े। एकरा से पहिले अक्टूबर 2023 में केरल के एर्नाकुलम में एगो थाना में अराजकता फैलावे के आरोप में उनका के गिरफ्तार कइल गइल रहे। एकरा बाद अभिनेता प उनका अपार्टमेंट कॉम्प्लेक्स में गड़बड़ी करे के आरोप लगावल गइल आ एह मामला में उनका से पूछताछ भइल रहे। बाकिर, बाद में उनका के जमानत पs रिहा कऽ दिहल गइल।

‘जेलर’ में अदा कइले रहले इ भूमिका

विनायकन के सुपरस्टार रजनीकांत के बीतल साल आइल ब्लॉकबस्टर फिल्म ‘जेलर’ में खलनायक के रोल अदा करत देखल गइल रहे। उऽ स्मगलर के भूमिका में नजर आइल रहले। विनायकन साल 1995 में आई फिल्म ‘मांथ्रिकम’ से अभिनय पारी के शुरुआत कइले रहले। वे ‘कम्मतिपादम’ सहित आउरो कई गो फिल्मन में नजर आ चुकल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]