[the_ad_group id="30365"]

सलमान के धमकी देवे वाला गैंगस्टर बराड़ UAE से अरेस्ट: मूसेवाला के हत्या में रहे सामिल, दुबई से लॉरेंस गैंग चलावत रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सलमान खान के धमकी देवे वाला गैंगस्टर विक्रम बराड़ के NIA बुध के UAE से गिरफ्तार कs लेले बा। बराड़ पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला के मर्डर में सामिल रहे आ तबे से फरार रहे।

बराड़ राजस्थान के हनुमानगढ़ जिला के पीलीबंगा कस्बा के लगे डिंगा गांव के रहे वाला हs। ऊ हत्या आ वसूली सहित 11 ममिलन में वांटेड बा। एनआईए के मोताबिक सिद्धू मूसेवाला के मर्डर में विक्रम बराड़ के सक्रिय भूमिका रहे। लॉरेंस बिश्नोई कइयन बेर हवाला के माध्यम से बराड़ के उगाही के रकमो भेजले रहे।

सलमान के धमकी देवे के ममिलो में लॉरेंस के खास विक्रम बराड़ के नाम आइल रहे। बतावल जात रहे कि विक्रम बराड़ दुबई में बइठके गैंगस्टर लॉरेंस के गैंग चलावत रहे।अब ओकरा के अरेस्ट कs के भारत ले आवल जा रहल बा। NIA बराड़ के आतंकी मनलें बा आ ओकरा उसके खिलाफ UAPA के तहत आतंकी धारा में ममिला दर्ज कइल गइल बा।

लॉरेंस गैंग से धमकी मिलला के बाद सलमान खान के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल रहे। उनका के Y+ सुरक्षा दिहल गइल बा।

NIA के मोताबिक बराड़ राजस्थान के कुख्यात गैंगस्टर आनंदपाल सिंह के करीबी रह चुकल बा। हनुमानगढ़ SP अजय सिंह बतवलें कि बराड़ के एक्टिव एरिया चंडीगढ़ आ ओकरा आसपास के बा। देसभर में ओकरा पs केस दर्ज बा। महाराष्ट्र, पंजाब, दिल्ली, राजस्थान, हरियाणा आ उत्तर प्रदेश के पुलिस ओकरा के ढूंढ रहल बाड़ी सs।

ओहिजा हनुमानगढ़ कस्बा के पीलीबंगा थाना में ओकरा पs केस दर्ज बा। आरोप बा कि ऊ पिछला साल एगो आढ़त बेयपारी पुरुषोत्तम अग्रवाल के वॉट्सऐप कॉल कs के 30 लाख रुपिया मंगले रहे। ना देला पs जान से मारे की धमकी देले रहे। एही ममिला में लोकल पुलिस लमहर समय से ओकर तलाश कs रहल बिया।

सलमान खान के पिता सलीम खान के ई चिट्ठी विक्रम बराड़ भेजववले रहे।

लॉरेंस के कम्युनिकेशन कंट्रोल रूम के तरे काम करत रहे

गैंगस्टर विक्रम बराड़ के खिलाफ इंटरपोल भारतीय जांच एजेंसी के अनुरोध पs जुलाई के पहिला हफ्ता में रेड कॉर्नर नोटिस जारी कइले रहे। विक्रम टारगेट किलिंग के अलावे लॉरेंस बिश्नोई, गोल्डी बराड़ आ आउर गैंगस्टर्स के मदद से भारत में हथियारन के तस्करी आ जबरन वसूली के ममिलन में सामिल रहे।

NIA बतवलस कि गैंगस्टर विक्रम बराड़ UAE से लॉरेंस बिश्नोई के आतंकी गैंग खातिर कम्युनिकेशन कंट्रोल रूम (CCR) के रूप में काम करत रहे। विक्रम के ई CCR लॉरेंस बिश्नोई आ कनाडा में बइठल गोल्डी बराड़ के कॉल के सुविधो प्रदान करत रहे आ ओकरा निरदेसन पs भारत के लोगन के जबरन वसूली खातिर कॉल कs के धमकावत रहे।

लॉजिस्टिक सपोर्ट देत रहे बराड़

एनआईए के मोताबिक विक्रम बराड़ राजस्थान, पंजाब, हरियाणा में गोल्डी बराड़ आ लॉरेंस बिश्नोई गैंग के लॉजिस्टिक सपोर्ट उपलब्ध करवावल करत रहे। एमे गैंगस्टर्स के हथियार उपलब्ध करवावे, ओकनी के रहे के बेवस्था सहित अउरियो सुविधा सामिल रहे। लॉरेंस के साथी बने से पहिले विक्रम बराड़ स्टूडेंट यूनियन ऑफ पंजाब यूनिवर्सिटी (सोपू) से जुड़ल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]