[the_ad_group id="30365"]

जूडो खिलाड़ी विजय कुमार यादव ब्रॉन्ज मेडल पs कब्जा जमवले, CWG 2022 में भारत के मिलल आठवां पदक 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के विजय कुमार यादव बर्मिंघम कॉमनवेल्थ गेम्स 2022 में जुडो में पुरुषन के 60 किलो वर्ग में कांस्य पदक जीत लेले बाड़े। स्कॉटलैंड के डिलन मुनरो के खिलाफ अपना रेपचेज मुकाबला जीतला के बाद विजय ब्रॉन्ज मेडल मैच खातिर उतरले, जहां ऊ साइप्रस के पेट्रोस क्रिसटोडूलाइड्स (Petros Christodoulides) के एकतरफा अंदाज में 10-0 से मात देले। CWG 2022 में भारत के आठवां पदक मिल गइल बा। यादव के क्वार्टर फाइनल में आस्ट्रेलिया के जोशुआ काज हरवले रहस।

विजय कुमार यादव शानदार प्रदर्शन करत विरोधी के गलतियन के पूरा फायदा उठवले आ 58 सेकंड के भीतरे जीत दर्ज कs लेले। पुरुषन के 60 किलो रेपेचेज में यादव स्कॉटलैंड के डिनलान मुनरो के हराके कांस्य पदक के मुकाबला में जगह बनवले रहस।

ओहिजा, जसलीन सिंह सैनी पुरुषन के 66 किलोवर्ग के सेमीफाइनल में स्कॉटलैंड के फिनले एलेन से हरला के बाद कांस्य पदक खातिर खेलिहे। सैनी सबेरे सेमीफाइनल में आसानी से पहुंच गइल रहस बाकिर ढाई मिनट से कम चलल मैच में एलेन ‘इप्पोन’ कs के अंक जुटवले जवना से सैनी के पराजय के सामना करे के पड़ल।

सैनी के लगे अभियो पदक जीते के मौका बा। ऊ कांस्य पदक के प्लेआफ में आस्ट्रेलिया के नाथन काज से खेलिहे। सुचिका तरियाल महिला लोगन के 57 किलो रेपेचेज में दक्षिण अफ्रीका के डोन्ने ब्रेटेनबाश के हराके कांस्य पदक के मुकाबला में जगह बना लेली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]