Vietnam Boat Capsize : वियतनाम में फु क्वोक द्वीप के लगे भारतीय पर्यटकन से भरल नाव पलटल, बचाव अभियान जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2026

सेंट्रल डेस्क। वियतनाम के फु क्वोक द्वीप के लगे एगो बड़ हादसा हो गइल बा। भारतीय पर्यटकन से भरल एगो नाव समुद्र में पलट गइल बा। एह घटना के पुष्टि हनोई में भारतीय दूतावास कइले

Share

Vietnam Boat Capsize - Indian Tourists Rescue Operation

सेंट्रल डेस्क। वियतनाम के फु क्वोक द्वीप के लगे एगो बड़ हादसा हो गइल बा। भारतीय पर्यटकन से भरल एगो नाव समुद्र में पलट गइल बा। एह घटना के पुष्टि हनोई में भारतीय दूतावास कइले बा। दूतावास बतवलस कि स्थानीय प्रशासन पूरा ममिला के जांच में जुटल बा आ समुद्र में डूबल लोगन के खोजे खातिर तेजी से रेस्क्यू ऑपरेशन चलावल जा रहल बा।

भारतीय दूतावास के अनुसार, खोज आ बचाव अभियान अभी जारी बा। एह बीच प्रभावित लोगन के मदद खातिर भारतीय मिशन अलग-अलग कंट्रोल रूम बनवले बा।

दूतावास सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘X’ पs पोस्ट कs के बतवलस कि सनिचर के फु क्वोक द्वीप के लगे कइयन गो भारतीय पर्यटकन के लेके जात नाव पलट गइल। घटना के बाद स्थानीय प्रशासन राहत आ बचाव अभियान में जुट गइल बा।

24 घंटा चालू रही हेल्पलाइन

पीड़ित परिवारन के सहायता आ जानकारी देवे खातिर हो ची मिन्ह सिटी में भारतीय महावाणिज्य दूतावास आ हनोई इस्थित भारतीय दूतावास में 24 घंटा काम करे वाला कंट्रोल रूम बनावल गइल बा।

पहिला कंट्रोल रूम खातिर ई नंबर जारी कइल गइल बा-

  • +84 36 281 7930
  • +84 91 552 37 14
  • +84 33 452 0414

हनोई स्थित कंट्रोल रूम खातिर ई हेल्पलाइन नंबर जारी बा-

  • +84 91 308 9165

प्रभावित परिवारन खातिर विशेष कंट्रोल रूम

भारतीय दूतावास बतवलस कि हादसा से प्रभावित परिवारन के समय पs सूचना आ हर संभव मदद पहुंचावे खातिर हो ची मिन्ह सिटी इस्थित भारतीय वाणिज्य दूतावास में विशेष कंट्रोल रूम बनावल गइल बा।

दूतावास अपील कइले बा कि जवना परिवार के सदस्य एह हादसा से प्रभावित हो सकेला लोग, ऊ लोग जारी हेल्पलाइन नंबर पs संपर्क कs के जानकारी ले सकेला।

फिलहाल स्थानीय प्रशासन आ बचाव दल समुद्र में खोज अभियान चला रहल बा। घटना में कतना लोग घायल भइल बा भा कवनो जानमाल के नुकसान भइल बा, एह बारे में अभी आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल।

Read Also: Junagadh Accident : जूनागढ़ में हाईवे पs खड़ा ट्रक से टकराइल कार, 4 लोगन के मौत, 4 गंभीर घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.