[the_ad_group id="30365"]

अनजान नंबर से आइल वीडियो कॉल रउआ के कs सकsता तबाह, अइसे चल रहल बा पूरा खेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंटरनेट के दुनिया के फायदा त बहुत बा लेकिन नुकसान अउर परेशानियो कम नइखे।। पिछले साल कई लोग दुसरे के नाम से फर्जी फेसबुक आईडी बनाकर पइसा मांगत रहनें अउर अब लोग के व्हाट्सएप वीडियो कॉल के जरिए ब्लैकमेल कइल जा रहल बा। लोग के व्हाट्सएप नंबर पर अनजान नंबर से वीडियो कॉल आ रहल बा अउर फिर नन्गा वीडियो दिखावल जा रहल बा। लोग के लग रहल बा कि सामने से कौनो लड़की न्यूड कॉल कs रहल बिया, जबकि सच्चाई ई बा कि लोग के अश्लील वीडियो दिखावल जा रहा बा। ए तरह के ब्लैकमेलिंग के अड्डा राजस्थान के एगो गांव बन गइल बा। कायदे से देखल जाव त राजस्थान में अलवर के गोथरी गुरु गांव Sextortion का अड्डा बन चुकल बा।

कइसे चल रहल बा पूरा खेल?

लोग के अनजान नंबर से वीडियो कॉल कइल जा रहल बा अउर फिर अश्लील वीडियो दिखावल जा रहल बा। लोग के लागsता कि ओंने से कौनो लड़की न्यूड हो के बात करsतिया लेकिन ई एगो वीडियो होला। एही दौरान यूजर के एगो छोट के वीडियो रिकॉर्ड कइल जा रहल बा अउर ओके एडिट कsके अश्लील वीडियो बना दिहल जा रहल बा।

एकरे बाद ब्लैकमेल के खेल शुरू होला। यूजर के बेर-बेर फोन अउर मैसेज कsके वीडियो वायरल करे के धमकी दीहल जाला अउर बदले में पइसा मांगल जा रहल बा। अलवर के गोथरी गुरु गांव एहमें माहिर हो गइल बा। एह गांव के अधिकतर लड़का सेक्सटॉर्शन के ही धंधा कs रहल बा। रिपोर्ट के मुताबिक पूरा गांव ही एहमें शामिल बा।

ब्लैकमेल के बाद लइका दे दिहलस जान

एही तरह के वीडियो के ले के लगातार कइल जा रहल ब्लैकमेलिंग के बाद पुणे के 19 साल के एगो युवक आत्महत्या कs लिहलें। एह मामिला में पुणे पुलिस 29 साल के एगो शख्स के राजस्थान से गिरफ्तार कइले बा। ई युवक के Sextortion से जुड़ल एगो मामिला में ही गिरफ्तार कइल गइल। जौन युवक आत्महत्या क लेहनें। ऊ फ्रॉडस्टर्स के 4,500 रुपया भी दिहले रहे, लेकिन उनके बादो ब्लैकमेलिंग होत रहल। एह पूरा मामले के मास्टमाइंड अनवर के भी गिरफ्तार कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]