[the_ad_group id="30365"]

पटना में कैश वैन लेके भागल ड्राइवर..डेढ़ करोड़ गायब: ATM में कैश लोड करत रहे स्टाफ; लवटला पs गायब रहे कैश वैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में सोमार के देर सांझ कैश से भरल सिक्योरिटी एजेंसी के एगो वैन के शातिरन द्वारा गायब कs दिहल। उहो तब जब सिक्योरिटी एजेंसी के टीम वैन लेके ब्रांच से कैश ले आवे आ ATM में जमा करे निकलल रहे। टीम के लोग एगो ब्रांच से कैश लेत रहे लो, ओहि बीच वैन गायब हो गइल।

जब ममिला के जानकारी पटना पुलिस के भइल तs हड़कंप मच गइल। पुलिस के टीम बहुत तेजी से एक्टिव भइल। कइयन इलाकन के एक संगे खंगार डालल। कुछ घंटा के छानबीन के बाद वारदात से 1 किलोमीटर दूर एगो इलाका से लावारिस हालात में कैश वैन पुलिस के हाथे लागल, बाकिर, ओमे रखल करीब 1.50 करोड़ रपिया गायब मिलल। वैन के ड्राइवरो ओमे ना रहे।

आलमगंज थाना इलाका के हs पूरा ममिला

ई आपराधिक ममिला पटना सिटी में आलमगंज थाना इलाका के हs। सिक्योरिटी एजेंसी ASG के ICICI बैंक के ATM में कैश डाले आ निकाले के जिम्मेदारी मिलल बा। सोमार के डंका इमली इलाका में इस्थित ब्रांच से कैश लेवे के रहे। संगही दु गो ATM में कैशो में जमा करे के रहे। ब्रांच से कैश ले आवे खातिर ASG के टीम गइल रहे।

डंका इमली के ब्रांच के बाहर गाड़ी खड़ा कs के सिक्योरिटी गार्ड, ऑडिटर आ 2 गो स्टाफ कैश ले आवे अंदर गइल रहे लो। जब कुछ देर बाद वापस आइल लो तs कैश वैन गायब मिलल। ओकर ड्राइवरो मवका पs ना रहे।

जानकारी मिलला के बाद आलमगंज थाना के पुलिस छानबीन में जुटल। कुछ घंटन के अंतराल के बाद पुलिस के NMCH के लगे इस्थित IDH कॉलोनी से लावारिस हालात में कैश वैन खड़ा मिलल। बाकिर वैन के अंदर के लॉक टूटा मिलल। ओमे रखल कैशो गायब मिलल।

हिरासत में चल रहल बा पूछताछ

एह ममिला में पुलिस तत्काल कैश वैन के सिक्योरिटी गार्ड सुभाष यादव, ऑडिटर अमरेश सिंह, दु गो स्टाफ सोनू कुमार आ दिलीप कुमार के हिरासत में लेले बिया। एह लोगन से पूछताछ चल रहल बा। एह लोगन से पुलिस ड्राइवर के डिटेल्स लेले बिया। ओकरा गिरफ्तारी खातिर छापेमारी सुरू कs दिहल गइल बा।

थानेदार अभिजीत कुमार बतवलें कि चार लोगन के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जा रहल बा। वैन में केतना कैश रहे एकर सही जानकारी ओह लोगन के लगे नइखे। ड्राइवर सूरज कुमार के तलाश चल रहल बा। ऊ जहानाबाद के रहे वाला रहे। एह ममिला में जांच खातिर FSL टीम के मददो लिहल गइल बा।

डेढ़ साल से काम कर रहत रहे सूरज

सिक्योरिटी एजेंसी के स्टाफ रवि राय बतवलें कि भूतनाथ रोड में एजेंसी के ऑफिस बा। कैश लेके वैन ICICI बैंक के ATM में डाले खातिर निकलल रहे। वैन के ड्राइवर पिछला डेढ़ साल से काम करत रहे। सोमार के तीन ATM से कैश निकालल गइल रहे।

रवि के अनुसार वैन में डेढ़ करोड़ रुपिया से बेसी कैश रहे। रवि पुलिस के बतवलें कि कैश वैन डंका इमली में बैंक के ब्रांच के लगही ठाड़ रहे। सूरज ओकरा पs बइठल रहे। गनमैन, ऑडिटर आ दु गो आउर कर्मी एटीएम में अंदर गइल लो। बाहर आइल लो तs कैश वैन उहां ना रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]