[the_ad_group id="30365"]

Hari Shankar Tiwari Death: यूपी के पूर्व मंत्री आ बाहुबली नेता हरिशंकर तिवारी के निधन, लमहर समय से रहलें बेमार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Hari Shankar Tiwari Death: उत्तर प्रदेश (Uttar Pradesh) के पूर्व मंत्री आ बाहुबली नेता रहल हरिशंकर तिवारी के गोरखपुर (Gorakhpur) में निधन हो गइल बा। मंगर के सांझ 6:30 बजे हरिशंकर तिवारी 86 साल के उमिर में अपना आवास पs अंतिम सांस लेलें। हरिशंकर तिवारी लमहर समय से बेमार चलत रहस। ऊ छव बेर विधायक रहला के अलावे कैबिनेट मंत्री रह चुकल रहस। अपराध के दुनिया से राजनीति में आपन डेग रखे वाला हरिशंकर तिवारी के गिनती पूर्वांचल के बड़ बाहुबलियन में कइल जात रहे।

इहे ना हरिशंकर तिवारी पूर्वांचल के बड़ ब्राह्मण नेता के रूप में जानल जात रहस। ऊ लोकतांत्रिक कांग्रेस के संसथापको रहलें। गोरखपुर के धर्मशाला बाजार के त‍िवारी हाता में ऊ आपन अंत‍िम सांस लेलें। बड़हलगंज के टांड़ा गांव में जनमल हर‍िशंकर त‍िवारी च‍िल्‍लूपार से छव बेर ‍िवधायक रहलें आ कल्‍याण स‍िंह से लेके मुलायम स‍िंंह यादव के सरकार में अलग-अलग विभागन के मंत्री रहलें। उनका न‍िधन के बेरा उनकर बड़ बेटा पूर्व सांसद भीष्‍म शंकर उर्फ कुशल त‍िवारी आ पूर्व व‍िधायक व‍िनय शंकर तिवारी घर पs मवजूद रहे लो।

अखिलेश यादव हरिशंकर तिवारी के निधन पs जतवलें दुख

हरिशंकर तिवारी के निधन पs समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव ट्वीट कs के दुख जतवलें बाड़ें। ऊ ट्वीट कइलें, “पूर्व मंत्री हरिशंकर तिवारी जी केनिधन, अत्यंत दुखद! ईश्वर दिवंगत आत्मा के शांति आ शोक संतप्त परिवार के ई असीम दुख सहे के शक्ति प्रदान करस। भावभीनी श्रद्धांजलि!”

 

बीजेपी के सांसद रवि किशन जतवलें दुख

एकरा अलावे गोरखपुर से बीजेपी के सांसद रवि किशन हरिशंकर तिवारी के निधन पs शोक जतवलें। ऊ ट्वीट कइलें, “पूर्व मंत्री हरिशंकर तिवारी जी गोरखपुर इस्थित आवास पs अंतिम सांस लेनी। महादेव अपना श्री चरणन में स्थान दीं.”

साभार: एबीपी लाइव

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]