[the_ad_group id="30365"]

यूपी से पशु तस्करी कs बिहार जा रहल वाहन कीचड़ में फंसल, चालक आ तस्कर फरार, पुलिस DCM आ 15 गोवंश कइले बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पुलिस के नजर से बचे खातिर पशु तस्कर देवरिया-करौदी होत बिहार रूट से निकल के जिला के बरियारपुर थाना क्षेत्र में आमघाट होत बिहार जात रहले। बरियारपुर थाना क्षेत्र के सरौरा टोला धूमनगर में पशु तस्कर के सीएम गाड़ी सड़क के किनारे फंस गईल।बहुत मेहनत के बाद जब गाड़ी ना निकलल त पशु तस्कर गोवंश सहित गाड़ी छोड़ के भाग गईल।

थानाध्यक्ष का बतवले

बरियारपुर थाना अध्यक्ष गोरखनाथ सरोज बतवले कि एक डीसीएम से कुल 15 गो गोवंश बरामद हो चुकल बा। गोवंश के एगो गौशाला भेज दिहल गइल बा आ अनजान चालक आ पशु तस्कर के खिलाफ पशु क्रूरता आ गाय वध कानून के तहत मुकदमा दर्ज करावल जा रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]