Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Vedika Thakur Murder Case: वेदिका के मर्डर, सहेली पायल गायब… चाचा के सवालन पs पुलिस के चुप्पी!

346

 

मध्य प्रदेश के जबलपुर में वेदिका ठाकुर के हत्या के बाद उनुकर चाचा अशोक ठाकुर पुलिस पs गंभीर सवाल उठवले बाड़े। वेदिका के चाचा बतवले कि जब उनुकर भतीजी के गोली लागल रहे त उनुकर दोस्त पायल भी उनुका संगे रहली। अब उ गायब बाड़ी। पुलिस उनुका बारे में कुछ नईखे बतावत।

सांसद समाचार : मध्य प्रदेश के जबलपुर में 26 साल के एमबीए छात्रा वेदिका ठाकुर आखिरकार 10 दिन बाद जीवन के लड़ाई हार गईली। 16 जून के भाजपा नेता प्रियांश विश्वकर्मा उनुका के अपना कार्यालय में गोली मार दिहले रहले, जवना के बाद सोमवार के अस्पताल में उनुकर मउत हो गईल। जानकारी के मुताबिक, जवना समय वेदिका के गोली लागल रहे, ओ समय उनुकर दोस्त पायल भी उनुका संगे रहली, जवन कि घटना के बाद से लापता बाड़ी ।

वेदिका के चाचा सवाल उठवले कि-

वेदिका ठाकुर के चाचा अशोक ठाकुर बतवले कि 16 जून के वेदिका अपना दोस्त पायल के संगे भाजपा नेता प्रियांश विश्वकर्मा के कार्यालय गईल रहली। 12:30 से 1 बजे के बीच हमार भतीजी वेदिका के गोली लागल, जवना के बाद पायल लापता हो गईली। पुलिस अबे ले नईखे बतवले कि उ कहां बाड़ी। उ कहले कि, हमार भतीजी के प्रियांश विश्वकर्मा गोली मार देले रहले अवुरी ओकरा बाद उ जगह जगह भटकावत रहले। एकरा बाद साँझ के 6 बजे उनका के अपना परिचित बड़ेड़िया जी के अस्पताल में छोड़ के उ भाग गईले।

वेदिका के मामा कहलन कि लोग सच्चाई जानत बा। उनुकर (प्रियांश के) पोस्टर शहर के विधायक के संगे, राज्य के मुख्यमंत्री के संगे लगवल बा। अब भाजपा के कहनाम बा कि उ पार्टी के सदस्य नईखन। बहुत विडंबना के बात बा कि जनप्रतिनिधि अयीसन कहतारे। 19 जून के पुलिस वेदिका के गोली मारे के आरोप में प्रियांश विश्वकर्मा के गिरफ्तार क लेले रहे।

प्रियांश 7 घंटा ले गाड़ी में वेदिका के संगे घूमत रहले

एह हत्या के मामला के जांच के दौरान पता चलल बा कि वेदिका के अपना ऑफिस में गोली मारला के बाद प्रियांश 7 घंटा ले वेदिका के संगे अपना गाड़ी में घूमत रहले अवुरी बाद में उनुका के अपना परिचित के अस्पताल में छोड़ के फरार हो गईले। ए दौरान मौका पs मौजूद सबूत के नष्ट करे के कोशिश भी कईल गईल। आरोपी प्रियांश ना सिर्फ अपना संगे सीसीटीवी कैमरा के डीवीआर लेके चल गईले बालुक जवना पिस्तौल से गोली चलल रहे, ओकरा संगे फरार हो गईले।

मउत के बाद वेदिका के शरीर से निकालल गईल गोली

वेदिका के मउत के बाद डॉक्टर पोस्टमार्टम कईले अवुरी उनुका लाश से गोली निकाल लेले, जवना के पुलिस जब्त क लेले बिया। पुलिस उ गोली एफएसएल टीम के जांच खातीर भेज देले बिया। बैलेस्टिक एक्सपर्ट के ओर से पुष्टि होई कि वेदिका के पेट में मिलल गोली प्रियांश के लगे जवन पिस्तौल रहे ओकरा से चलावल गईल रहे। एकरा संगे अब पुलिस ए मामला में विस्तृत जांच करतिया ताकि पता लगावल जा सके कि गोली चलावल गईल बा कि धोख़ा से चलल बा। एह पूरा गोलीकांड के पीछे असली कारण अबहीं ले साफ नइखे भइल।

वेदिका के गोली मारे वाला प्रियांश पेशे से बिल्डर हउवें

अपना ऑफिस में वेदिका के गोली मारे वाला भाजपा नेता प्रियांश पेशे से बिल्डर हवे। वेदिका के मउत के बाद प्रियांश विश्वकर्मा के कार्यालय में सीसीटीवी अवुरी डीवीआर बंद होखे के भी खुलासा भईल बा। अब पुलिस के आखिरी उम्मीद सर्वर कंपनी से बा। जबलपुर पुलिस सीसीटीवी से जुड़ल सर्वर कंपनी के चिट्ठी लिखले बिया। प्रियांश विश्वकर्मा ए पूरा मामला में जेल में बाड़े अवुरी अब उनुकर परेशानी बढ़ल तय बा काहेंकी अब उनुका खिलाफ हत्या के मामला भी दर्ज हो गईल बा।

वेदिका पढ़े में बहुत होशियार रहली

पोस्टमार्टम के बाद नेताजी सुभाष चंद्र बोस मेडिकल कॉलेज अस्पताल से वेदिका के लाश के टैक्स चौक के घर ले जाते ही लाश देख के वेदिका के महतारी अवुरी बहिन फूट-फूट के रोवे लगली। वेदिका के रिश्तेदार बतवले कि उनुकर बेटी पढ़े-लिखे में बहुत होशियार रहे।

वेदिका ठाकुर जबलपुर के एगो बहुत साधारण परिवार के रहली। उनुका परिवार में एक भाई अवुरी दु बहिन बाड़ी। वेदिका के पिता के पहिलही मउत हो चुकल बा जबकि उनुकर महतारी गृहिणी बाड़ी।

वेदिका के पिता अपेक्स बैंक में गार्ड के काम करत रहले। गोली के चोट के चलते उनुकर मउत हो गईल, जवना के बाद वेदिका के भाई के उनुका जगह पs नौकरी मिल गईल।

साभार- आज तक

 

 

 

 

578980cookie-checkVedika Thakur Murder Case: वेदिका के मर्डर, सहेली पायल गायब… चाचा के सवालन पs पुलिस के चुप्पी!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.