वाराणसी : निर्माणाधीन मकान से चोर सs सरिया कइले पार, हजारन के माल चोरी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 27, 2023

  वाराणसी : मिर्जामुरद थाना के गौर गांव में शनिवार के रात चोर निर्माणाधीन मकान में राखल 50 किलो के सरिया पार क गईले। पीड़िता के ए घटना के बारे में रविवार के सबेरे पता

Share

 

वाराणसी : मिर्जामुरद थाना के गौर गांव में शनिवार के रात चोर निर्माणाधीन मकान में राखल 50 किलो के सरिया पार क गईले। पीड़िता के ए घटना के बारे में रविवार के सबेरे पता चलल। पुलिस के फोन क के घटना के जानकारी देले। घटना के जांच कईल जाता।

मधुकरशाहपुर में राजेश प्रजापति गौर आपन घर बनावत रहले। एकरा खातिर सरिया ले आके निर्माणाधीन घर के लगे रखल जात रहे। शनिवार के देर रात चोर पहुंच के सरिया उठाके लेले गईले। रविवार के सबेरे जब राजेश घर पहुंचले त सरिया गायब देख के उ चौंक गईले। उ तुरंत फोन क के पुलिस के सूचना देले। पुलिस घटना के जांच करतिया।

 

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.