[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी : मुहम्मद आ अल्लाह लिखल बकरा बनल आकर्षण के केंद्र, जुट रहल बा तमाशबीनन के भीड़ 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ईद-उल-अजहा यानी बकरीद अबकी 29 जून के मनावल जाई। बकरीद के अवसर पs वाराणसी के बकरी बाजार के बलिदान खातिर सजावल गइल बा। बाजार में इहाँ आईल एगो खास बकरा के चर्चा पूरा पूर्वांचल में होता। एह बकरा के प्रकृति के चमत्कार बतावल जा रहल बा। एकरा के देखे खातिर वाराणसी समेत नजदीकी जिला के लोग पहुंच रहल बाड़े। बरबरा नस्ल के एह बकरा के पीठ पs मुहम्मद आ दोसरा ओर अल्लाह लिखल बा। बकरा मंडी में एह बकरा के मांग बहुत ज्यादा बा।

आजमगढ़ के पी कुमार बरबरा नस्ल के बकरा लेके वाराणसी के बेनिया बाग मंडी पहुंचल बाड़े। ई बकरी सब केहू खरीदे के चाहत बा, लेकिन एकर दाम सुन के लोग चौंक रहल बा। बकरा मालिका आपन दाम छह लाख रुपिया पs रखले बा। अब तक बाजार में एकर दाम चार लाख रुपया हो गईल बा।बलि खातीर ले जाए वाला के 6 लाख रुपया के दाम मांगले। बकरा के मालिक एगो अवुरी खास घोषणा कईले, जवना के सुन के हर मुस्लिम समुदाय के लोग बकरा के मालिक के सराहना करतारे। बकरा के मालिक पी.कुमार मंडी में खुला घोषणा कईले बाड़े कि जदी उ बलि के जगह ए बकरा के पाले खातीर ले जइहें त नायब बकरा के सिर्फ तीन लाख रुपया में दे दिहे।

बकरा मंडी के निदेशक मुहम्मद अजहर बतवले कि मुहम्मद अल्लाह बकरा के संगे फोटो खिंचवावे खातीर बाजार में आवे वाला युवक के बीच होड़ बा। बकरा मंडी के संचालक के मुताबिक अबकी बेर सबसे महंगा बकरा मुहम्मद अल्लाह बाड़े। एकरा से पहिले बाजार में अधिकतम बकरी 80 हजार रुपया में बेचल जात रहे। अइसना में ई बकरा वाराणसी के बकरी बाजार में सबसे महंगा बकरा बा।

साभार- live VNS

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]