[the_ad_group id="30365"]

Vande Metro Train: पटना-आरा-सासाराम के बीच चली अइसन ट्रेन, जवन बदल के रख दी रेल यात्रा के अनुभव, पढ़ी पूरा डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Vande Metro Train: पटना-आरा-सासाराम के बीच चली अइसन ट्रेन, जवन बदल के रख दी रेल यात्रा के अनुभव, पढ़ी पूरा डिटेल

वंदे भारत ट्रेन के बाद बिहार के पटना, सासाराम आ आरा के वंदे भारत मेट्रो के उपहार मिले जा रहल बा। वंदे मेट्रो आरा होत पटना से सासाराम के बीच चली। सितम्बर-अक्टूबर के महीना के बीच एकर परिचालन शुरू होखे के संभावना बा। रेलवे से पूर्व-मध्य रेलवे हाजीपुर जोन के 20 गो वंदे मेट्रो ट्रेन रैक उपलब्ध करावे के संभावना बा।

वंदे भारत जइसन आधुनिक सुविधा से लैस ट्रेन के रुकला के बाद अब सासारामो के जल्दिए वंदे भारत मेट्रो ट्रेन के उपहार मिले जा रहल बा। इ नाया ट्रेन पटना से सासाराम के बीच आरा होत चली, जवना के परिचालन सितंबर के अंत में चाहे अक्टूबर के पहिला सप्ताह में शुरू होखे के संभावना बा।

सुरक्षा खातिर ट्रेन में सीसीटीवी कैमरा लगावल जाई, एकरा अलावा यात्री के सुरक्षा खातिर एकरा में कवच ट्रेन एंटी कोलिशन सिस्टम लगावल गइल बा।

रेलवे से पूर्व-मध्य रेलवे हाजीपुर जोन के 20 गो वंदे मेट्रो ट्रेन रेक उपलब्ध करावे के संभावना बा। जेकर परिचालन मार्ग ईसीआर से तय हो चुकल बा, जवना में आरा होत पटना-सासारामो शामिल बा।

वंदे मेट्रो एह महीना से सरपट चले वाला बा

रेलवे सूत्र के मोताबिक सितंबर के अंत में चाहे अक्टूबर में वंदे मेट्रो ट्रेन के पटरी प उतारे के योजना बा। फिलहाल कोच के ट्रायल चलता। एह ट्रेन में 12 आ 16 गो कोच तक हो सकेला। हर कोच में बईठे के व्यवस्था दिल्ली मेट्रो नियन होई। एह ट्रेन में सफर करे वाला यात्रियन के टिकट आरक्षित करे के जरूरत ना पड़ी।

कम दूरी वाला स्टेशन के बीच चली ट्रेन

200 किलोमीटर से कम दूरी पs कई गो स्टेशनन के बीच वंदे मेट्रो चलावे के प्रावधान बा। वंदे मेट्रो ट्रेन के अधिकतम गति सीमा 130 किलोमीटर प्रति घंटा होई। अइसना में सासाराम से पटना के सफर दू घंटा में पूरा हो सकेला।।

मेट्रो ट्रेन एह सुविधा से लैस होई

ए ट्रेन के खासियत इ बा कि इ बिना लोकोमोटिव इंजन के पटरी प चली। मेट्रो ट्रेन नियन एकरा में ऑटोमैटिक गेट, मोबाइल चार्जिंग सॉकेट अवुरी डिफ्यूज लाइटिंगो होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]