[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत ट्रेन से यात्रा के लेके पूर्वांचल के यात्रियन में खुसी, 12 घंटा में बुक भइल एग्जीक्यूटिव कार के 32 टिकट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: वंदे भारत ट्रेन से यात्रा के लेके लोगन में उत्साह दिख रहल बा। नव जुलाई के यात्रा खातिर बियफे के सबेरे आठ बजे से टिकटन के बुकिंग सुरू होखतही 12 घंटा के भीतर एग्जीक्यूटिव कार (ईसी) के 32 टिकट बिक गइल। संगही चेयरकार (सीसी) के 149 टिकट बिक गइल। खाली नव तारीख ना ओकरा आगे के तिथियन खातिरो रेलवे के काउंटरन आ इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन (आइआरसीटीसी) के वेबसाइट से टिकटन के बुकिंग सुरू हो गइल बा।

रेलवे बोर्ड आप्शनल कैटरिंग सर्विस के अंतर्गत मिले वाला खानपान सुविधा के रेट (मूल्य) निर्धारित कs देले बा। टिकट बुक करत घरी यात्रियन के सोझा चाय, काफी, नाश्ता, लंच आ डिनरो के विकल्प होई। रास्ता में खानपान के सामग्री ना लेला पs खाली किराया देवे के होई।

उत्साह आ उल्लास भरल तइयारी, आज स्टेशन पs उत्सव के बारी

रेलवे स्टेशन सज-संवरकर तइयार बा। सफेदी के चादर अब गुलाबी हो गइल बा। रंग-बिरंगा रोशनी से नहाइल स्टेशन लोगन में उमंग भर रहल बा। स्थापना के 138 बरिस बाद पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्यालय स्टेशन गोरखपुर उत्सव के तइयारी में बा, जवना के आंगन में प्रधानमंत्री गोरखपुर के विकास के नींव रखिहें। वंदे भारत के हरियर झंडी दिखाके पूर्वोत्तर रेलवे के रफ्तार के उपहार दिहें। सुक के ई गौरवशाली क्षण पूर्वोत्तर रेलवे के स्वर्णिम इतिहास में अंकित होखे जा रहल बा।

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी प्लेटफार्म नंबर एक पs भव्य समारोह में सुशोभित मंच से देस के प्रमुख गतिमान ट्रेन वंदे भारत के हरियर झंडी देखइहें। आठ कोच वाला 02549 नंबर के उद्घाटन विशेष वंदे भारत ट्रेन गोरखपुर से चलके सहजनवां, खलीलाबाद, बस्ती, बभनान, मनकापुर, अयोध्या आ बाराबंकी सहित कुल सात स्टेशनन पs रुकत रात 08:30 बजे लखनऊ जंक्शन पहुंची। रास्ता में चिह्नित सब रेलवे स्टेशनन पs वंदे भारत ट्रेन के भव्य स्वागत होई। एकरा संगही प्रधानमंत्री गोरखपुर जंक्शन के पुनर्विकास के आधारशिला रखिहें। 693 करोड़ रुपिया से गोरखपुर जंक्शन के नवनिर्माण होखे के बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]