Vande Bharat: 5 स्टार होटल जइसन होई सुविधा, वंदे भारत के स्लीपर कोच के ई खासिय जान के हो जाइब हैरान

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2024

Vande Bharat: वंदे भारत स्लीपर ट्रेन में 16 गो कोच होई जवना में 11 गो एसी 3 टीयर कोच, 4 गो एसी 2 टीयर कोच आ एगो एसी फर्स्ट कोच शामिल होई। एह ट्रेन के

Share

Vande Bharat: वंदे भारत स्लीपर ट्रेन में 16 गो कोच होई जवना में 11 गो एसी 3 टीयर कोच, 4 गो एसी 2 टीयर कोच आ एगो एसी फर्स्ट कोच शामिल होई। एह ट्रेन के कुल बर्थ क्षमता 823 यात्री होइहे, जवना में एसी 3 टीयर में 611 यात्री, एसी 2 टीयर में 188 यात्री अवुरी एसी 1 में 24 यात्री यात्रा कर सकऽ ताड़े।

वंदे भारत स्लीपर एसी 3 टीयर कोच में यात्री के सुविधा के ध्यान में राखत भारतीय रेलवे हर बर्थ के साइड में गद्देदार फीचर बनावे प विचार करतिया। एकरा में राजधानी एक्सप्रेस ट्रेन के मुक़ाबले बर्थ गद्दा ढेर आरामदायक होई।

वंदे भारत के स्लीपर इंटीरियर के बात कइल जाव तऽ एकरा के बहुत रंग से आकर्षक बनावल जाई। एह ट्रेन में बेहतर डिजाइन के सीढ़ी होई जवना से यात्री आसानी से उपर आ बीच के बर्थ तले पहुंच सकिहे।

वंदे भारत के स्लीपर कोच में कई गो फीचर होई। एह ट्रेन में सगरी आम इलाकन में लाइट सेंसर लगावल जाईम। माने कि जब यात्री एह मंजिल के पट्टी के लगे पहुंच जइहें तऽ बत्ती अपने आप से बत्ती जर जाई आ जब यात्री उहाँ से निकलिहें तऽ रुक जाई।

एह ट्रेन में शौचालय में आ एक कोच से दोसरा कोच जाए वाला जगहा पs ऑटोमैटिक दरवाजा होई। एकरा में एर्गोनॉमिक डिजाइन के गंध रहित शौचालय सिस्टम होई। एह ट्रेन में हवाई जहाज नियन बायो वैक्यूम शौचालय लगावल जाई।

वंदे भारत के ई नाया ट्रेन सेमी हाई स्पीड ऑफर होई, जवन कि 160 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चले में सक्षम होई। एकर लाइट अवरू इंटीरियर डिजाइन यात्रीयन खातिर बहुते आकर्षक लागी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.