[the_ad_group id="30365"]

Trikuta Parvat Fire : माता वैष्णो देवी के श्रद्धालुअन खातिर जरूरी खबर! त्रिकुटा पहाड़ पs लागल भीषण आग, काबू पावे में आ रहल बा दिक्कत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कटड़ा। श्री माता वैष्णो देवी धाम में आद्कुंवारी के पीछे त्रिकुटा पहाड़ी इलाका में सुक के संदिग्ध हालात में आग लाग गइल। आग बुझावे खातिर श्राइन बोर्ड प्रशासन आ संबंधित विभाग लगातार कोसिस में जुटल बा।

आग लागल इलाका जतरा मार्ग से बहुत दूर बा, एह से वैष्णो देवी यात्रा पs कवनो असर नइखे पड़ल बा। त्रिकुटा पहाड़ के सुखाल नाला, सूरज कुंड जइसन इलाकन में आग फइलल बा। तेज हवा चलला से आग के दायरा आउर बढ़त जा रहल बा।

सुक के सांझ पहाड़ी इलाका में सूखल झाड़ी में आग के लपट आ धुआं के गुबार साफ दिखाई दे रहल बा। इलाका दुर्गम आ बहुत ऊंचाई पs होखला के चलते आग पs काबू पावे में दिक्कत आ रहल बा। एहतियात के तौर पs प्रभावित इलाकन में निगरानी आउर बढ़ा दिहल गइल बा।

गणतंत्र दिवस से पहिले सुरक्षा कइल गइल चाक-चौबंद

जम्मू। वैष्णो देवी श्राइन बोर्ड कटड़ा में गणतंत्र दिवस समारोह से पहिले सुरक्षा आ यात्रा व्यवस्था के गहन समीक्षा कइल गइल बा। सीईओ सचिन कुमार वैश्य के अध्यक्षता में भइल बैठक में बहु-स्तरीय सुरक्षा, भीड़ प्रबंधन आ श्रद्धालुअन खातिर सुचारु यात्रा सुनिश्चित करे पs जोर दिहल गइल।

कटड़ा के पुलिस अधीक्षक आ सीआरपीएफ के कमांडेंट बैठक में बतवलें कि गणतंत्र दिवस समारोह आ यात्रा नियम के ध्यान में रखत व्यापक सुरक्षा इंतजाम लागू कइल जा रहल बा। एमे त्वरित प्रतिक्रिया टीम (QRT) के तैनाती, संयुक्त गश्त, पुलिस, सीआरपीएफ, सेना आ आउर अर्धसैनिक बलन के सामिल करत एगो मजबूत आ स्तरित सुरक्षा ग्रिड बनावल गइल बा।

Read Also: Sukma Naxal Surrender : आखिरी सांस गिन रहल बा नक्सलवाद; सरकारी नीति के असर भा मौत के डर? 29 माओवादियन के सरेंडर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]