[the_ad_group id="30365"]

Uttarkashi Tunnel Rescue: उत्तरकाशी पहुंचले पीएम मोदी के मुख्य सचिव, मजदूरन खातिर अहम दिन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तराखंड के उत्तरकाशी जिला के सिलक्यारा में बनत सुरंग के भीतर 41 मजदूर फंसल रह गईले जवन कि गिर गईल। इs हादसा दिवाली के त्योहार के दिन भईल। सुरंग के भीतर फंसल मजदूर अबे ले हार नईखन देले अवुरी उनुका के सुरक्षित बाहर निकाले खातीर सरकार के ओर से लगातार बचाव अभियान चलावल जाता।

दू गो अधिकारी घवाहिल हो गइले

अतवार के दिने सिलक्यारा सुरंग स्थल के लगे एगो कार आ एगो निजी बस के बीच भइल टक्कर में सीमा सड़क संगठन के दू गो अधिकारी घवाहिल हो गइले। पुलिस इs जानकारी देले बिया। अधिकारी बतवले कि इ दुर्घटना सुरंग से मात्र आधा किलोमीटर दूर भईल, जब बीआरओ के अधिकारी अपना आधिकारिक गाड़ी में सुरंग के नजदीक जात रहले।

केतना वर्टिकल ड्रिलिंग भइल 

उत्तरकाशी में जारी रेस्क्यू अभियान में सुरंग में वर्टिकल ड्रिलिंग के काम चल रहल बा। सिलक्यारा स्थल पs बीआरओ रहल डीजी हरपाल सिंह के मुताबिक 31 मीटर ले वर्टिकल ड्रिलिंग पूरा हो चुकल बा।

6 मजदूर पाइप के भीतर जईहें

सिलक्यारा सुरंग में फंसल 41 मजदूर के बचावे के नया प्रयास जारी बा। ताजा अपडेट के मुताबिक 6 मजदूर पाइप के भीतर जाए वाला बाड़े।

शीर्ष अधिकारी पहुंचले

उत्तरकाशी के सिलक्यारा सुरंग में फंसल 41 मजदूरन के बचावे खातिर जारी बचाव के प्रयास के जायजा लेबे खातिर प्रधानमंत्री के प्रधान सचिव प्रमोद कुमार मिश्रा, केंद्रीय गृह सचिव अजय कुमार भल्ला आ उत्तराखंड के मुख्य सचिव एसएस संधू चहुँपल बाड़न।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]