उत्तराखंड में दीपावली से पहिले बड़ घटना के साजिश, देहरादून रेलवे ट्रैक पs डेटोनेटर मिलल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 30, 2024

      उत्तराखंड में एगो ट्रेन के पटरी से उतारे के साजिश के खुलासा भईल बा। हरिद्वार-देहरादून रेल पटरी पs डिटोनेटर मिलला के बाद हलचल मच गइल बा. घटना मोतीचूर रेलवे स्टेशन के पास

Share

 

 

 

उत्तराखंड में एगो ट्रेन के पटरी से उतारे के साजिश के खुलासा भईल बा। हरिद्वार-देहरादून रेल पटरी पs डिटोनेटर मिलला के बाद हलचल मच गइल बा. घटना मोतीचूर रेलवे स्टेशन के पास के हs। जीआरपी कार्रवाई में आ गईल अवुरी डिटोनेटर राखेवाला आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस।

घटना अतवार के रात के हs जब हरिद्वार जीआरपी के मुरादाबाद रेलवे संभाग के कंट्रोल रूम से जानकारी मिलल कि मोतीचूर रेलवे स्टेशन के नजदीक रेलवे पटरी पs डिटोनेटर पड़ल बा। जीआरपी मौका पs पहुंच के डिटोनेटर बरामद कs लेलस। जब पुलिस एs मामला में जांच शुरू कईलस अवुरी सीसीटीवी फुटेज के जांच कईलस।

पुलिस एगो संदिग्ध आदमी के गिरफ्तार कs लेलस

एसएसपी जीआरपी सरिता डोभाल के मुताबिक सीसीटीवी जांच के आधार पs यूपी के रामपुर निवासी अशोक के संदिग्ध हालत में रेलवे ट्रैक पs टहलत पकड़ल गईल बा। संगही पुलिस आरोपी अशोक से कई गो डिटोनेटर बरामद कईले बिया। उs बतवले कि आरोपी के खिलाफ भारतीय न्याय संहिता के धारा 288 के तहत मामला दर्ज भईल बा। एसएसपी के कहनाम बा कि अबे ले आरोपी के मंशा के पता नईखे चलल अवुरी अबे ले उनुका से पूछताछ होखता।

सपा जीआरपी के कहनाम बा कि मामला संवेदनशील बा अवुरी लोग के भी जागरूक होखे के होई।   रेलवे पटरी पs कवनो चीज के रखल बहुत संवेदनशील होला, बहुत लोग ट्रेन से यात्रा करेला। अगर अइसन कवनो बात रउरा नोटिस में आ जाव तs तुरते पुलिस के सूचित करीं.

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.