[the_ad_group id="30365"]

चार धाम यात्रा सुरू, केदारनाथ-यमुनोत्री के कपाट खुलल: पहिलके दिन भीड़ प्रशासन खातिर चुनौती बनल; 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड के चार धाम यात्रा आज से सुरू हो गइल बा। केदारनाथ के कपाट सबेरे 6:55 बजे आ यमुनोत्री के कपाट सबेरे 10:29 बजे खोलल गइल। दुपहरिया 12:25 बजे गंगोत्री धाम के कपाट खोलल जाई। जबकि बद्रीनाथ मंदिर में दर्शन 12 मई से होई।

केदारनाथ के कपाट खुलला के बाद CM पुष्कर सिंह धामी अपना पत्नी के संगे दर्शन खातिर पहुंचलें। इहां पहिलके दिन हजारन लोगन के भीड़ के कारण अव्यवस्था देखे के मिलल।

एह चारो धामन पs दिन के तापमान 0 से 3 डिग्री दर्ज कइल जा रहल बा। ओहिजा, रात में पारा माइनस में पहुंच रहल बा। एकरा बावजूद केदारनाथ धाम से 16 किमी पहिले गौरीकुंड में करीब 10 हजार श्रद्धालु पहुंच चुकल बा लो।

पिछला साल ई आंकड़ा सात से आठ हजार के बीच में रहे। इहां करीब 1500 कमरा बा, जवन भरल बा। रजिस्टर्ड 5,545 खच्चर बुक हो चुकल बा।

हरिद्वार आ ऋषिकेश में 15 हजार से जादे यात्री पहुंच चुकल बा लो। चार धाम यात्रा खातिर अब तक 22.15 लाख से जादे श्रद्धालु पंजीकरण करा चुकल बा लो। पिछला साल रिकॉर्ड 55 लाख लोग दर्शन कइले रहे।

​केदारनाथ-बद्रीनाथ मंदिर समिति के अध्यक्ष अजयेंद्र अजय के मोताबिक नव मई के सांझ चार बजे जब बाबा के पंचमुखी डोली केदारधाम पहुंचल, ओह घरी पांच हजार लोग मवजूद रहे।

ओने, बिहान दुपहरिया 12 बजे मां गंगा के डोली शीत कालीन प्रवास मुखवा से गंगोत्री धाम खातिर रवाना भइल रहे। डोली भैरवघाटी रात्रि विश्राम खातिर रुकल रहे। आज सबेरे 6:30 बजे डोली धाम खातिर फेर रवाना भइल बा। इहां कपाट 12:25 बजे खुली।

पहिला बेर श्रद्धालुअन के संख्या सीमित, केदारनाथ में रोज 15 हजार लोग दर्शन कs पाई 

पिछला साल रिकॉर्ड 55 लाख लोग के पहुंचला से सारा बेवस्था गड़बड़ा गइल रहे। एकरा से सबक लेत उत्तराखंड पुलिस आ पर्यटन विभाग पहिला बेर चार धाम यात्रा में श्रद्धालुअन के रोज के संख्या सीमित कs देले बा। पिछला साल चारन धामन में रोजाना 60 हजार से अधिक तीर्थयात्री दर्शन खातिर पहुंचत रहे लो।

पर्यटन सचिव सचिन कुर्वे के मोताबिक एक दिन में 15 हजार श्रद्धालु केदारनाथ धाम, 16 हजार लोग बद्रीनाथ धाम, नव हजार श्रद्धालु यमुनोत्री तs 11 हजार लोग गंगोत्री में दर्शन कs सकी लो, माने चारो धाम में रोजाना 51 हजार लोग दर्शन करी।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]