[the_ad_group id="30365"]

Uttarakhand: गंगोत्री हाईवे पs हादसा, खाई में गिरल 35 यात्रियन के लेके जा रहल बस, सात के मौत, 28 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड में अतवार के दर्दनाक हादसा हो गइल। गंगोत्री हाईवे पs गंगनानी के लगे यात्रियन के लेके जा रहल एगो बस खाई में गिर गइल। हादसा में 28 घायलन के रेस्क्यू कइल जा चुकल बा। अब तक सात शवन के निकालल जा चुकल बा।

जानकारी के मोताबिक, बस संख्या (uk 07 8585) 33 यात्रियन के लेके गंगोत्री से उत्तरकाशी के ओर आवत रहे। एह दौरान बस अनियंत्रित होके खाई में गिर गइल। जिला आपदा प्रबंधन के मोताबिक अब तक 27 घायलन के रेस्क्यू कइल गइल बा।

घायलन के उपचार खातिर 108 एंबुलेंस से अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। ओहिजा, सात शव बरामद हो चुकल बा। एसपी अर्पण यदुवंशी घटनास्थल खातिर रवाना भइली। ओहिजा, जिला अस्पताल से दु गो आउर एंबुलेंस घटनास्थल खातिर रवाना कइल गइल बा।

सीएम जतवलें शोक

मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी गंगोत्री हादसा पs शोक जतावल गइल। ओहिजा, ऊ स्थानीय प्रशासन के तेजी से राहत-बचाव के काम चलावे के निरदेस देलें बाड़ें।

हादसा पs राज्यपाल जतवलें शोक

राज्यपाल लेफ्टिनेंट जनरल गुरमीत सिंह (सेनि) उत्तरकाशी जिला में भइल वाहन दुर्घटना में मृतक व्यक्तियन के प्रति शोक जतवलें बाड़ें। ऊ मृतकन के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना करत शोक संतप्त परिवारन के प्रति संवेदना व्यक्त कइल बाड़ें। राज्यपाल दुर्घटना में घायलन के शीघ्र स्वास्थ्य लाभ के कामना कइलें बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]