[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड: कैंची धाम मंदिर के लगे जंगल में लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तराखंड के नैनीताल जिला के कैंची धाम मंदिर के लगे जंगल में भारी आग लाग गईल। तेज हवा के संगे लगातार आग पसरल जाता। जानकारी के मुताबिक कैंची धाम मंदिर के नजदीक पाइन के जंगल बा। एकरा चलते एs आग के काबू में कईल तनी मुश्किल होखता।

बता दीं कि तेज हवा के चलते ई आग आबादी वाला इलाका के ओर बढ़ रहल बा। एकरा से होटल अवुरी सड़क पs चलेवाला लोग खातीर भी खतरा बा।

ध्यान देवे वाला बात बा कि आजकल गरमी के चलते स्कूल के छुट्टी चलता, एहीसे आजकल भारी संख्या में भक्त कैंची धाम पहुंच रहल बाड़े। होटल से लेके सड़क ले भारी भीड़ देखाई देता।

कैंची धाम के नजदीक जंगल में लागल आग ओ समय भईल बा जब राज्य के बाकी जिला में आग लागे के मामला अबे ले कम नईखे भईल। बता दीं कि उत्तराखंड में सबसे जादा आग ओ जंगली इलाका में भईल बा, जहां चीड़ के पेड़ बा। गरमी के मौसम के चलते कई जंगल में लकड़ी निकालल जा रहल बा अवुरी इहाँ के आग अवुरी तेजी से भड़कता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]