[the_ad_group id="30365"]

UP By-Election: स्वार उपचुनाव खातिर वोटिंग के बीच सपा के बड़ आरोप, पिटाई आ वोट डाले से रोक रहल बिया पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्वार विधानसभा सीट पs हो रहल उपचुनाव में मतदान जारी बा। मतदाता वोट डाले खातिर घरन से निकलके पोलिंग बूथ पs जा रहल बा लो। मतदान सबेरे सात बजे से सुरू भइल, जवन सांझ के छव बजे तक चली। निष्पक्ष आ शांतिपूर्वक मतदान करावे खातिर पुलिस सुरक्षा के पूरा इंतजाम कs के रखले बिया  एह बीच समाजवादी पार्टी के तरफ से बड़ आरोप लगावल गइल।

सपा के आरोप बा कि पुलिस मतदाता लोगन के वोट डाले से रोक रहल बिया। सपा एकर शिकायत चुनाव आयोग से कइलेएक्स बा। सपा के आरोप बा कि रामपुर के स्वार विधानसभा के मुस्लिम बाहुल्य क्षेत्र टांडा, दढ़ियाल, लंबाखेड़ा, अकबराबाद, रसूलपुर, फरीदपुर, खेमपुर, मिलक काजी में मुस्लिम मतदाता लोगन के पुलिस के द्वारा वोट नइखे डाले दिहल जा रहल। बेर- बेर आईडी चेक करे के नाम पs परेसान कइल जा रहल बा। मतदाता लोगन के पुलिस पीट रहल बिया।

ई सीट अब्दु्ल्ला आजम के विधायकी रद्द होखला के वजह से रिक्त भइल रहे। उपचुनाव में अपना दल (एस) से शफीक अंसारी, सपा से अनुराधा चौहान आ पीस पार्टी से डॉ. नजिया सिद्दीकी सहित छव प्रत्याशी मैदान में बा लो। मतदान सबेरे सात बजे से सांझ के छव बजे तक होई।

2022 के विधानसभा चुनाव में एह सीट से सपा के अब्दुल्ला आजम चुनाव जीतल रहस। 13 फरवरी 2023 के मुरादाबाद के कोर्ट उनका के छजलैट प्रकरण के मुकदमा में दु साल के सजा सुना देले रहे। एकरा बाद 15 फरवरी के उनकर विधायकी रद्द करत एह सीट के रिक्त घोषित कs दिहल गइल रहे। चुनाव आयोग एह सीट पs कर्नाटक विधानसभा के चुनाव के संगे उपचुनाव करावे के एलान कइले रहे। उपचुनाव खातिर नामांकन के प्रक्रिया 13 से 20 अप्रिल तक चलल रहे।

उपचुनाव में नव प्रत्याशी नामांकन दाखिल कइले रहे लो। जेमे से तीन प्रत्याशियन के नामांकन पत्र खारिज हो गइल रहे। एकरा बाद छव प्रत्याशी मैदान में बचल लो। उपचुनाव खातिर प्रचार सोमार के सांझ तक भइल रहे। मंगर के डोर टू डोर संपर्क कs के प्रत्याशी लोग आपन बात कहल। बुध के सबेरे सात बजे से सांझ छव बजे तक ईवीएम से मतदान होई। मतदान के बाद ईवीएम रामपुर इस्थित मंडी समिति के स्ट्रांग रूम में जमा करावल जाई। मतगणना 13 मई के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]