[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज में अपना दल नेता के गोली मारके हत्या: पड़ोसी कइलस वारदात, कहलस-दान में दिहल गइल जमीन वापस ना करत रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज में अपना दल (एस) के नेता के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा। अतवार के सबेरे घर से जइसही बाहर निकलले, पड़ोसी उनका में गोली मार देलस। सूचना पs पहुंचल पुलिस आरोपी के मवका से पकड़ लेलस। वारदात गंगापार इलाका में अतवार के सबेरे भइल।

पुलिस बतवलस- मृतक के नाम इंद्रजीत उर्फ मोनू पटेल (24) हs। ऊ हाईकोर्ट में वकीलो रहस। आरोपी के नाम सर्वेश (28) हs। सर्वेश बतवलस- हमरा परिवार के बुजुर्ग लोग इंद्रजीत के घरवालन के दान में जमीन देले रहे लो। अब हमनी के ओमे से कुछ जमीन वापस मांगत रहनी सs, बाकिर इंद्रजीत ना देत रहे।

DCP गंगानगर अभिषेक भारती बतवलें कि आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। ओकरा लगे से दुगो तमंचा बरामद कइल गइल बा। ओकरा से पूछताछ कइल जा रहलो बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]