उत्तर प्रदेश निकाय क्षेत्र के 27 एमएलसी सीट पर मतदान होई बिहान

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2022

उत्तर प्रदेश में चुनाव के दौर जारी बा। विधानसभा चुनाव के बाद अब विधान परिषद के 36 सीट पर मतदान के तैयारी बा। एह चुनाव में जनता से कौनो खास मतलब नाइ बा, लेकिन उत्तर

Share

उत्तर प्रदेश में चुनाव के दौर जारी बा। विधानसभा चुनाव के बाद अब विधान परिषद के 36 सीट पर मतदान के तैयारी बा। एह चुनाव में जनता से कौनो खास मतलब नाइ बा, लेकिन उत्तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी अउर समाजवादी पार्टी के बीच एक बेरर फिर जोरदार मुकाबला तय बा। नौ के मतदान बिहाने आठ बजे से साँझ पांच बजे ले होई।

उत्तर प्रदेश राज्य निर्वाचन आयोग नौ अप्रैल के होखे वाले चुनाव के पूरा तैयारी क लेहले बा|

निकाय क्षेत्र के विधान परिषद के 36 सीट में से 27 सीट पs शनिवार नौ अप्रैल के मतदान होई| मतदान सीट मे शाहजहांपुर, सीतापुर,  प्रतापगढ़ मेरठ-गाजियाबाद मऊ, इलाहाबाद, आगरा-फिरोजाबाद मुजफ्फरनगर-सहारनपुर, पीलीभीत-शाहजहांपुर, रायबरेली, सुलतानपुर झांसी-जालौन-ललितपुर रामपुर-बरेली, सीतापुर, बाराबंकी, जौनपुर, वाराणसी इटावा-फर्रुखाबाद मुरादाबाद-बिजनौर, लखनऊ-उन्नाव, बहराइच, गाजीपुर कानपुर-फतेहपुर गाजीपुर सिद्दार्थनगर, गोरखपुर-महाराजगंज-देवरिया अउर बलिया शामिल बा| नौ सीट पs भाजपा के नौ उम्मीदवारन के निर्विरोध जीतल तय बा|

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.