Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तर प्रदेश निकाय क्षेत्र के 27 एमएलसी सीट पर मतदान होई बिहान

उत्तर प्रदेश राज्य निर्वाचन आयोग नौ अप्रैल के होखे वाले चुनाव के पूरा तैयारी क लेहले बा|

152
सीवान इन्शुरेंस 720 90

उत्तर प्रदेश में चुनाव के दौर जारी बा। विधानसभा चुनाव के बाद अब विधान परिषद के 36 सीट पर मतदान के तैयारी बा। एह चुनाव में जनता से कौनो खास मतलब नाइ बा, लेकिन उत्तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी अउर समाजवादी पार्टी के बीच एक बेरर फिर जोरदार मुकाबला तय बा। नौ के मतदान बिहाने आठ बजे से साँझ पांच बजे ले होई।

उत्तर प्रदेश राज्य निर्वाचन आयोग नौ अप्रैल के होखे वाले चुनाव के पूरा तैयारी क लेहले बा|

निकाय क्षेत्र के विधान परिषद के 36 सीट में से 27 सीट पs शनिवार नौ अप्रैल के मतदान होई| मतदान सीट मे शाहजहांपुर, सीतापुर,  प्रतापगढ़ मेरठ-गाजियाबाद मऊ, इलाहाबाद, आगरा-फिरोजाबाद मुजफ्फरनगर-सहारनपुर, पीलीभीत-शाहजहांपुर, रायबरेली, सुलतानपुर झांसी-जालौन-ललितपुर रामपुर-बरेली, सीतापुर, बाराबंकी, जौनपुर, वाराणसी इटावा-फर्रुखाबाद मुरादाबाद-बिजनौर, लखनऊ-उन्नाव, बहराइच, गाजीपुर कानपुर-फतेहपुर गाजीपुर सिद्दार्थनगर, गोरखपुर-महाराजगंज-देवरिया अउर बलिया शामिल बा| नौ सीट पs भाजपा के नौ उम्मीदवारन के निर्विरोध जीतल तय बा|

Middle Yayawari
239400cookie-checkउत्तर प्रदेश निकाय क्षेत्र के 27 एमएलसी सीट पर मतदान होई बिहान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.