[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर: मुठभेड़ के दौरान दु बदमाशन के गोड़ में लागल गोली, 25-25 हजार रुपिया के रहे इनाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सेवरही थाना क्षेत्र के शिवाघाट के लगे पुलिस घेराबंदी कइले रहे, बुध के भोर में पुलिस के देख बदमाश फायरिंग शुरू कs देले सs। जवाब में पुलिस के गोली से दु बदमाश घायल हो गइलें सs। ओकरा बाद पुलिस घेर के चार बदमाशन के गिरफ्तार कs लेलस।

कुशीनगर जिला में सेवरही थाना क्षेत्र के शिवाघाट के लगे बुध के भोर में बदमाशन आ पुलिस के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह में 25-25 हजार रुपिया के दुगो इनामी सहित चार बदमाशन  के गिरफ्तार कइल गइल। एह बदमाशन में दुगो के गोड़ में गोली लागल बा। घायल बदमाशन के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा

सेवरही थाना क्षेत्र के शिवाघाट के लगे पुलिस घेराबंदी कइले  रहे, बुध के भोर में पुलिस के देख बदमाश फायरिंग सुरू कs देले सs। जवाब में पुलिस के गोली से दु बदमाश घायल हो गइले। ओकररा बाद पुलिस घेर के चार बदमाशन के गिरफ्तार कs लेलस।

ओकनी के नाम सद्दाम पुत्र अली हुसैन, निवासी लक्ष्मीपुर कर्बला टोला, थाना कुबेरस्थान, कुशीनगर, सतीश यादव बेटा रामभजन यादव निवासी हरसेवकपुर नंबर दु टोला दहला थाना गुलरिहा जनपद गोरखपुर, अरविंद यादव पुत्र छब्बी यादव निवासी मिश्रौली, थाना कोठीभार जनपद महराजगंज अउर सनोज कुशवाहा पुत्र बाबूलाल कुशवाहा निवासी तरकुलवा, थाना धनहा जनपद पश्चिमी चंपारण बिहार बा। एकनी के खिलाफ हाटा, कुबेरस्थान, सेवरही, खड्डा अउर देवरिया थाना में मुकदमा दर्ज बा। एह में सद्दाम अउर सतीश यादव पs 25-25 हजार रुपिया के इनाम घोषित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]