[the_ad_group id="30365"]

Arif Ka Saras: चोरी छुपे सारस से मिलें पहुंचल आरिफ, खुसी से झूम उठल बेजुबान, ZOO प्रशासन शुरू कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कानपुर चिड़ियाघर में तीन महीना से बाड़ में रखल सारस से मिले खातिर आरिफ बिना बतवले चुपचाप उहां पहुंच गइल। आरिफ चिड़ियाघर पहुंचला के संगही मास्क लगा लेलस, ताकि केहू पहचान ना सके।

कानपुर में अमेठी के रहे वाला मो० आरिफ अउर सारस के दोस्ती सोशल मीडिया पs धूम मचा देले रहे। एक बेर फेर से आरिफ कानपूर चिड़ियाघर में सारस से मिले चुपचाप पहुंचल रहे। एकर सोशल मीडिया पs वीडियो वायरल भइल आ ऊ फेर से चरचा में आ गइल। आरिफ बिना केहूओ के बतवके टिकट लेके सारस से मिले पहुंचल।

एकर भनक चिड़ियाघर के अधिकारियन के ना लाग सकल। आरिफ के देखतही सारस खुसी से झूम उठल आ बाड़ में पंख फइलाके खुसी के इजहार कइलस। करीब पांच मिनट के मुलाकात के दौरान सारस के आरिफ से बाड़ के बाहर मिले खातिर परेसान देखल गइल। अइसन लागत रहे कि सारस आजूओ आरिफ बिना तड़प रहल बा।

कानपुर चिड़ियाघर में तीन महीन से बाड़ में रखल सारस से मिले खातिर आरिफ बिना बतवले चुपचाप उहां पहुंच गइल। आरिफ चिड़ियाघर पहुंचला के संगही मास्क लगा लेलस, ताकि केहू पहचान ना सके। ऊ पार्किंग में पहुंचके अपन गाड़ी खडा कइलस आ टिकट लेके अंदर चल गइल।

वीडियो बनाके सोशल अकाउंट में कइलस शेयर

करीब 15 मिनट तक चिड़ियाघर में सारस के बाड़ के ढूंढला के बाद सारस के बाड़ तक पहुंचल। मास्क लगवला  के कारण सारस पहचान ना सकल। मास्क उतारतही सारस गर्दन नीचे ऊपर कs के आरिफ से मुलाकात कs के खुसी जतवलस। ऊ मुलाकात के दौरान के पूरा वीडियो बनवलस आ अपना सोशल अकाउंट में शेयर कइलस।

आरिफ बोलेलें- बहुते दुबरा गइल बा सारस

आरिफ गंगा बैराज से लेके मुलाकात आ ओकरा बाद लवटे के पूरा वीडियो बनवलस। आरिफ बतवलस कि सारस पहिले के मुकाबले बहुते दुबर हो गइल बा। ऊ बाड़ में बहुते परेसान रहत बा। ओकरा के अइसन हालत में देखके बहुत दुख भइल। ऊ अब कोसिस कs रहल बा कि जइसे पहिले खुला में रहत रहे, ओकरा के ओह हाल में छोड़ दिहल जाये। आरिफ जब वापस लवटे लगाल, तs सारस आरिफ के साथे जाये खातिर बाड़ में पीछे-पीछे दउरे लागल। एह  वाकया के जानकारी जब जू प्रशासन के सोशल मीडिया से भइल, तs सीसीटीवी में ऊ लउकल। एह से आरिफ के आवे के पुष्टि भइल बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]