[the_ad_group id="30365"]

सांसद रमापति राम त्रिपाठी के एक साल के सजा:लालकृष्ण आडवाणी के आगमन पs पुलिस के उपर कइलें रहलें हमला, एक साल के सजा के साथे लागल जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देवरिया के सांसद रमापति राम त्रिपाठी अउर सहकारी बैंक के चेयरमैन संतराज यादव के कोर्ट  एक साल के कारावास के सजा सुनावले बीया। साथे दुनों पs  जुर्माना लागल बा। जुर्माना ना भरले पs अलग से सजा भुगते के पडी। गोरखपुर के अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी प्रभाष त्रिपाठी के सरकारी काम में बांधा डाले अउर पुलिसकर्मियन  से मार पीट करे के जुर्म सिद्ध पावल गइल अउर आजू के दिन एह फैसला सुनावल गइल बा।

अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी प्रभाष त्रिपाठी  खजनी थाना क्षेत्र के झुड़िया निवासी रमापति राम त्रिपाठी आ गुलरिहा थाना क्षेत्र के नाहरपुर निवासी संतराज यादव के एक साल के कारावास आ जुर्माना से दण्डित कइल गइल बा।

 

16 जुलाई 1994 के पुलिस से भइल रहे झड़प

दरअसल, कोर्ट में अभियोजन पक्ष के ओर से विशेष लोक अभियोजक अम्बरीष चंद्र मल्ल के कहे के रहे कि वादी उप निरीक्षक शिवमंगल सिंह आपन हमराहियन के साथे 16 जुलाई 1994 के तत्कालीन राष्ट्रीय अध्यक्ष लालकृष्ण आडवानी के सुरक्षा व्यवस्था अउर शांति व्यवस्था में नौसड़ में मौजूद रहे।

लालकृष्ण आडवानी के नौसड़ से गोरखपुर के तरफ जाये के कुछ देर बाद लगभग 12 बजे मरवडिया कुआं के तरफ भइल घटना के लेके भारतीय जनता पार्टी के क्षेत्रीय कार्यकर्ता  द्वारा नारा लगात अउर गाली गलौज करत राष्ट्रीय राजमार्ग अवरुद्ध कs देहलें।

उप निरीक्षक शिवमंगल सिंह आपन हमराहियन के साथे समझावे के प्रयास कइले त आरोपि उग्र हो गइल।  शिवमंगल सिंह के पकड़के झापड़, मुक्का मारे लगेल अउर ओकर सर्विस रिवाल्वर छीने के प्रयास कइलें।

घटना के देखके हमराहियन अउर कर्मचारी कुल वादी के बचावे के प्रयास कइलें त उपेंद्र दत्त शुक्ल के साथे आइल 100-150 कार्यकर्ता सs एक राय होके पुलिस वालन के जान से मारे के नियत से टूट पड़ले अउर ईट, पत्थर, कोल्ड ड्रिंग के बोतल, डंडा अउर लात मुक्का से खूब मारल शुरू कs देलस। जवने से जनता में भय के माहौल व्याप्त हो गइल अउर दुकानदार आपन आपन दुकान बन्द कs के भागे लगल।

साभार –  दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]