[the_ad_group id="30365"]

नेपाल से दोस्‍ती के नाम CM योगी के ऐलान, इंटरनेशनल रूट पर बनी मैत्री हब; बार्डर के लगे हॉस्पिटल, बस स्‍टैंड आ शॉपिंग मॉल   

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम योगी आदित्यनाथ प्रदेश से नेपाल जाये वाला रास्ता लुम्बिनी- नौगढ़- बांसी-सिद्धार्थनगर, सोनौली- नौतनवां- गोरखपुर आ बाराबंकी-बहराइच-नानपारा-रुपईडीहा, मार्ग पs भारत-नेपाल मैत्री हब विकसित करे के निरदेस देले बाड़े। ऊ कहले कि भारत-नेपाल मैत्री हब के तहत नेपाल सीमा से 1-10 किमी के अंदर लमसम 100 एकड़ जमीन में चिकित्सा, शिक्षा, मंडी, पर्यटन, शॉपिंग मॉल, बस अड्डा आदि सुविधा उपलब्ध करावल जाये।

मुख्यमंत्री जी ई निरदेस मंगर के अपना सरकारी आवास पs अन्तरराष्ट्रीय आ अन्तर्राज्यीय सीमा मार्गन के विकास के सम्बंध में कइल गइल प्रस्तुतिकरण के दौरान देले। ऊ कहले कि बहुउद्देशीय हब के नजदीकी मुख्य कस्बा के संबंधित विभागन द्वारा विकसित कइल जाव। अन्तर्राष्ट्रीय सीमा पs ‘भारत-नेपाल मैत्री द्वार’ के निर्माण करावल जाव। ऊ एह सुविधन के विकास पीपीपी मोड पs करावे के बात कहले।

पड़ोसी राज्यन कावर जाये आला प्रमुख मार्गन पs भव्य प्रवेश द्वार

मुख्यमंत्री कहले कि अन्तर्राज्यीय सीमा मार्गन के तहत बिहार जाये वाला जीटी रोड पs जनपद चन्दौली, लखनऊ-गोरखपुर-गोपालगंज-मुजफ्फरपुर मार्ग पs जनपद कुशीनगर, मध्य प्रदेश राज्य जाये वाला सतना-चित्रकूट-कर्वी मार्ग पs जनपद चित्रकूट, उत्तराखण्ड राज्य जाये वाला सहारनपुर-देहरादून मार्ग पs जनपद सहारनपुर, मेरठ-पौड़ी मार्ग पs जनपद बिजनौर, राजस्थान राज्य जाये वाला मथुरा-भरतपुर मार्ग पs जनपद मथुरा आ झारखंड जाये वाला रीवा-रांची मार्ग पs जनपद सोनभद्र में बहुद्देशीय बुनियादी सुविधा आ भव्य प्रवेश द्वार के निर्माण करावे के निरदेस देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]