[the_ad_group id="30365"]

यूपी के 13 आ बिहार के 7 विधान परिषद सीट खातिर 20 जून के होई चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के 13 आ बिहार के 7 गो विधान परिषद सीट खातिर चुनाव के घोषणा कs दिहल गइल बा। भारत निर्वाचन आयोग उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र आ बिहार के विधान परिषद के सीटन खातिर चुनाव के लेके बुध के बयान जारी कs देलस। आयोग के अनुसार उत्तर प्रदेश के सब 13 सीट 6 जुलाई 2022 जबकि बिहार के सब सात सीट 21 जुलाई 2022 के खाली होखे आला बा। 

आयोग द्वारा जारी बयान के मोताबिक दू जून के विधान परिषद के सीटन के चुनाव के लेके अधिसूचना जारी कइल जाई आ एकरा साथे नामांकन के प्रक्रिया शुरू हो जाई। 09 जून ले नामांकन पत्र दाखिल कइल जाई। 10 जून के नामांकन पत्रन के जांच होई। 13 जून ले नामांकन पत्र वापस कइल जा सकी। एकरा बाद 20 जून के भोरे 9 बजे से सांझ 4 बजे ले मतदान होई। मतदान के बाद पांच बजे सब वोटन के गिनती कइल जाई आ चुनाव परिणाम जारी कs दिहल जाई।

आयोग के मोताबिक चुनाव के दौरान कोविड-19 से संबंधित प्रोटोकॉल के पालन कइल जाई। आयोग तीनों राज्यन के मुख्य सचिव के निरदेस देले बा है कि कोविड-19 से संबंधित प्रोटोकॉल के पालन के सुनिश्चित करे ला एगो अधिकारी के नामित करो लो।

उत्तर प्रदेश में एह लो के सीट खाली होई

अतर सिंह राव, डॉ. कमलेश कुमार पाठक, जगजीवन प्रसाद, दिनेश चंद्र, दीपक सिंह, बलराम यादव, केशव प्रसाद मौर्य, भूपेंद्र, योगी आदित्यनाथ, रणविजय सिंह, राम सुंदर, शत्रुद्र प्रकाश आ सुरेश कुमार कश्यप।

बिहार में एह लो के सीट खाली होई 

बिहार विधान परिषद के सात सीट में अर्जुन सहनी, मो. कमर आलम, गुलाम रसूल, रोजिना नाजीह, रणविजय कुमार सिंह, मुकेश सहनी आ सीपी सिन्हा उर्फ चंदेश्वर प्रसाद सिन्हा के सीटें 21 जुलाई 2022 के खाली हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]