[the_ad_group id="30365"]

UP: इलाहाबाद हाइकोर्ट पूर्व सांसद अफजाल अंसारी के सजा पs फैसला कइलस सुरक्षित, गैंगस्टर से जुड़ल बा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अफजाल अंसारी के छोट भाई माफिया मुख्तार अंसारी के गाजीपुर जिला अदालत सजा सुनवलस। अफजाल ओमे सह आरोपी बनावल गइल रहे। जिला अदालत अफजाल के चार साल के सजा सुनवले बा। अफजाल अंसारी गाजीपुर जिला अदालत के फैसला के हाईकोर्ट में चुनौती देले रहस।

इलाहाबाद हाईकोर्ट गाजीपुर के सांसद रहल अफजाल अंसारी के सजा के खिलाफ दाखिल याचिका पs सुनवाई करत फैसला सुरक्षित कs लेले बा। कोर्ट अब एह ममिला में 24 जुलाई के आपन फैसला सुनाई। ममिला गैंगस्टर एक्ट से जुड़ल बा।

अफजाल अंसारी के छोट भाई माफिया मुख्तार अंसारी के गाजीपुर जिला अदालत सजा सुनवले रहे। अफजाल ओमे सह आरोपी बनावल गइल रहे। जिला अदालत अफजाल के चार साल के सजा सुनवले रहे। अफजाल अंसारी गाजीपुर जिला अदालत के फैसला के हाईकोर्ट में चुनौती देले रहे। जवना पs बुध के सुनवाई में कोर्ट आपन फैसला सुरक्षित कs लेलस।

धोखाधड़ी के ममिला में मुख्तार के दुनो बेटन के राहत

इलाहाबाद हाईकोर्ट माफिया मुख्तार अंसारी के दुनो बेटा उमर आ अब्बास के धोखाधड़ी के ममिला में राहत देले बाड़ें। कोर्ट दुनो के खिलाफ सुरू कइल गइल उत्पीड़नात्मक कार्रवाई पs रोक लगा दिहल गइल बा यूपी सरकार से जवाब मांगल गइल बा। याची के ओर से कोर्ट के बतावाल गइल बा जवना ममिला में उमर आ अब्बास के खिलाफ धोखाधड़ी के ममिला दर्ज कइल गइल बा आ ओह दौरान दुनो नाबालिग रहल लो। लिहाजा, दुनो बेकसूर बा। कोर्ट ममिला के विचारणीय मानत यूपी सरकार से जवाब-तलब कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]