[the_ad_group id="30365"]

उत्तर हावड़ा नागरिक वृंद के ओर से गंगा दशहरा के उपलक्ष में भव्य गंगा आरती के कार्यक्रम भइल आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु बियफे के उत्तर हावड़ा नागरिक वृंद के ओर से गंगा दशहरा के उपलक्ष में भव्य गंगा आरती के कार्यक्रम के आयोजन बांधाघाट (लंचघाट) में कइल गइल हवे।

कार्यक्रम में मुख्य रूप से रामधनी जी पांडे, शैलेंद्र झा, बलराम पाठक, अनु नेवटिया, ब्रिज भूषण सिंह, गणेश नाथ तिवारी”विनायक”, बिक्की यादव, ऋषिकेश पांडे , गंगा समग्र से अभय झा जी उपस्थित रहनीं हs।

रामधनी पांडे जी गंगा दशहरा के महातम बतावत सारा लोग से अपना भाषण के माध्यम से गंगा माई के साफ सुथरा रखे के निहोरा कइनी हs।

कार्यक्रम के सफल बनावे में मुख्य भूमिका रतनलाल, मनोज सिंह, राजेश चौधरी, रामनरेश सिंह जी के रहल। अंत में संस्था के महामंत्री कवियत्री अनु नेवटिया जी सब कार्यकर्ता लोग के धन्यवाद देली हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]