[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: दवाई चोरी कs के नशा मुक्ति केंद्र में करत रहे सप्लाई, दुगो गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के मानसिक बीमारी विभाग से दवाई चोरा के एगो निजी नशामुक्त केंद्र में सप्लाई होखत रहे। गुलरिहा पुलिस मंगल के दिने दवाई चोरी करे वाला दू जने के गिरफ्तार कs लिहलस। एहमें से एगो आरोपी संजय सिंह मुगलहा में डी-एडिक्शन सेंटर के फ्रेंचाइजी चलावत बाड़न। पुलिस उनुका के कोर्ट में पेश कईलस, जहां से उनुका के जेल भेज दिहल गईल।

जानकारी के मुताबिक बीआरडी मेडिकल कॉलेज के मानसिक बीमारी विभाग में सोमार के सबेरे ओपीडी भईल रहे। सबेरे जब कर्मचारी पहुंचले तs देखले कि ओपीडी के कमरा के ताला तूड़ के अलमारी में राखल ओएसटी के दवाई चोरी हो गईल बा अवुरी अलमारी में राखल दस्तावेज के बिखेर दिहल गईल बा। विभाग प्रमुख डॉ. तपस कुमार के शिकायत पs पुलिस मामिला दर्ज कs के चोर के तलाश में जुटल रहे।

मंगल के दुपहरिया में पुलिस मेडिकल कॉलेज परिसर से लालगंज जंगल छत्रधारी थाना पिपराच निवासी आरोपी रहमान अवुरी मसहवा लच्छीपुर थाना गोरखनाथ निवासी संजय सिंह के गिरफ्तार कs लेलस। पुलिस ए लोग से 1950 रुपिया बरामद कईले बिया। पुलिस के मुताबिक, संजय सिंह मुगलहा के नशा मुक्त केंद्र के फ्रेंचाइजी लेले बाड़े। दवाई चोरा के बेचत रहले।

16 दिसंबर के भी दवाई चोरी हो गईल रहे

पुलिस के मुताबिक बीआरडी मेडिकल कॉलेज के मानसिक रोग विभाग के ओएसटी सेंटर से 16 दिसंबर के 1597 गोली चोरी भईल रहे। Sउ घटना के भी इs दुनो आरोपी अंजाम देले रहले। बतावल गईल कि चोरी के दवाई बाजार में उपलब्ध नईखे, जवना के चलते दवाई चोरी होके प्रीमियम दाम पs बेचत रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]