Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

10 हजार आंगनबाड़ी कार्यकर्तन पs बल प्रयोग, कइयन लोग घायल: सरकारी कर्मचारी के दर्जा आ मानदेय बढ़ावला के मांग पs विधानसभा घेरे जात रहे लो

1,296

बिहार विधानसभा के घेराव करे निकलल आंगनबाड़ी सेविकन के पुलिस बल प्रयोग कs के हटवलस। एह दौरान पुलिस सेविकन पs वाटर कैनन के इस्तेमाल कइल गइल बा। एमे कइयन लोगन के चोट आइल बा। घायलन के पुलिस अपना गाड़ी से अस्पताल पहुंचावल बिया। सेविकन के संगे पहुंचल उनका परिवार के लोगन पs पुलिस बल प्रयोग कइले बिया।

बिहार में अपना मांगन के लेके करीब 5 हजार आंगनबाड़ी केंद्रन के 10 हजार सेविका 29 सितंबर से अनिश्चितकालीन हड़ताल पs बा लो। मानदेय के जगह वेतन आ सरकारी कर्मचारी के दर्जा देवे के मांग के लेके आंगनबाड़ी सेविका लोग विधानसभा के घेराव करे निकलल रहे लो।

मानदेय डबल करे के रहे वादा

सेविकन के कहनाम बा कि तेजस्वी यादव कहले रहस कि हमनी के सरकार बनी तs मानदेय डबल कs दिहल जाई। हमनी के कोरोना काल में मौत के सामने देखला के बादो काम कइल गइल। अभी 5,900 रुपिया मिल रहल बा। एसे परिवार ना चली। तेजस्वी यादव धोखा देले बाड़ें। प्रदर्शन करे पs लाठीचार्ज कइल गइल बा। ई पूरा तरे से गलत बा।

अब आर-पार के लड़ाई होई 

आंगनबाड़ी सेविकन के कहनाम बा कि- हमनी के आपन लंबित मांगन के समर्थन में सरकार से अबकी बेर आरपार के लड़ाई लड़े के पूरा तइयारी कs लेले बिया। जहां हमनी के मांगन के पूरा करे खातिर धरना-प्रदर्शन के जरूरत होई कइल जाई। हमनी के अब केहू के झूठ वादा आ बहकावा में नइखे आवे वाला बानी सs, जबतक हमनी लोगन के बात ना मानल जाई, हमनी के एह तरे के प्रदर्शन करत रहेम लो।

सत्र के कारण धरना – प्रदर्शन पs रोक बा

रउआ के बता दीं कि, बिहार विधानमंडल के शीतकालीन सत्र छह से 10 नवंबर तक चली। सोमार से शीतकालीन सत्र के सुरुआत भइल बा। एह दौरान तीन लेयर सुरक्षा आ विधि व्यवस्था बना के रखे खातिर 70 मजिस्ट्रेट आ पुलिस पदाधिकारियन के अलावा पुलिस बल के 800 जवान प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा। बिना प्रवेश पास के विधानमंडल परिसर के अंदर जाये के अनुमति नइखे। एकरा संगही धरना-प्रदर्शनो पs मनाही बा।

676140cookie-check10 हजार आंगनबाड़ी कार्यकर्तन पs बल प्रयोग, कइयन लोग घायल: सरकारी कर्मचारी के दर्जा आ मानदेय बढ़ावला के मांग पs विधानसभा घेरे जात रहे लो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.