[the_ad_group id="30365"]

USA: ट्रंप के मिल रहल बा खूब फंडिंग, जुलाई महीना में जुटवलें 13 करोड़ डॉलर, 32 करोड़ डॉलर से जादे नकदी हाथ में 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिपब्लिकन पार्टी के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार आ पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प बतवलें कि उनका अभियान से जुलाई में 13 करोड़ डॉलर से जादे के रकम जुटावल गइल बा आ अब उनका लगे कुल 32 करोड़ रुपिया से जादे के रकम नकद बा। डोनाल्ड ट्रंप सोशल मीडिया पs साझा एगो पोस्ट में लिखलें कि ‘मेक अमेरिका ग्रेट अगेन मूवमेंट जइसन पहिले कबो कुछ ना भइल। हमनी के अकेला जुलाई में 13.9 करोड़ डॉलर जुटवले बानी सs। अब हमनी के लगे 32.7 करोड़ डॉलर नकद बा।

ट्रंप के मिल रहल बा सानदार समर्थन

ट्रंप लिखलें कि ‘महान अमेरिकी देसभक्तन से सानदार समर्थन मिलल बा, जवन संयुक्त राष्ट्र अमेरिका के राष्ट्रपति पद खातिर हमनी के अभियान में दान कs रहल बा लो। हालांकि अभी बहुत काम करे बा, बाकिर हम हमेसा रउआ खातिर लड़त रहेम। हमनी के बतौर देस विफल हो रहल बानी सs, बाकिर हम एकरा के जल्दिये ठीक कs देम आ अमेरिका के फेर से महान बना देम।’ ट्रंप के प्रचार अभियान के बयान में कहलें कि ई संख्या हर स्तर पs दानदाता लोगन के निरंतर गति के दर्शावत बा आ पांच नवंबर के जीत तक अंतिम 96 दिनन खातिर संसाधन प्रदान करत बिया।

कोर्ट से ट्रंप के लागल झटका

न्यूयॉर्क के एगो अपीलीय अदालत डोनाल्ड ट्रंप के झटका दिहल गइल बा। दरअसल पूर्व राष्ट्रपति ट्रंप अदालत में गुप्त धन (Hush Money) से जुड़ल एगो आपराधिक ममिला में जारी एगो आदेस के समाप्त करे के अपील कइले रहस। हालांकि कोर्ट याचिका खारिज कs देलस। संगही अदालत पूर्व राष्ट्रपति के एहु तर्क के खारिज कs देले बा कि मई में उनका के दोषी ठहरावल जाए से ‘परिस्थितियन में बदलाव’ भइल बा, जवना कारण प्रतिबंधन के हटावल जरूरी बा।

कमला हैरिस पर कइलें नस्लीय टिप्पणी

डोनाल्ड ट्रंप बुध के ‘नेशनल एसोसिएशन ऑफ ब्लैक जर्नलिस्ट्स’ के सालाना सम्मेलन में अपना डेमोक्रेटिक प्रतिद्वंद्वी कमला हैरिस के नस्लीय पहचान पs सवाल उठवलें। ट्रंप कहलें कि ऊ (हैरिस) हमेसा से भारतीय मूल के रहली आ ऊ खाली भारतीय मूल के बढ़ावा देतल रहली। हमरा ना पता रहे कि ऊ अश्वेत हई, जबले कि ऊ कइयन साल पहिले अश्वेत ना हो गइली। अब ऊ अश्वेत के रूप में जानल जाइल चाहत बाड़ी।’ ट्रंप के एह बयान पs दर्शक कुछ नाराजगी जतावल लो। गौर करे आला बात बा कि हैरिस अश्वेत आ दक्षिण एशियाई अमेरिकी दुनो रूप में पहचान बनवले बाड़ी। ऊ पहिला अश्वेत आ एशियाई अमेरिकी उपराष्ट्रपति हई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]