[the_ad_group id="30365"]

USA: 26/11 के आतंकी तहव्वुर राणा के आखरी कोशिश नाकाम, भारत प्रत्यर्पण के खिलाफ अपील खारिज

26/11 के आतंकी तहव्वुर राणा के आखरी कोशिश नाकाम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका से भारत खातिर एगो खुशखबरी सामने आ रहल बा।  मुंबई 26/11 के आतंकी हमला के आरोपी तहव्वुर राणा के भारत ले आवे के रास्ता लगभग साफ हो गईल बा।  जानकारी के मुताबिक, शुक (भारतीय समय) के अमेरिकी सुप्रीम कोर्ट आतंकी तहव्वुर राणा के भारत में प्रत्यर्पण पs रोक लगावे खातीर दायर याचिका के खारिज कs देले बिया।

सुप्रीम कोर्ट एह याचिका के खारिज कs दिहलसि

मुंबई के आतंकी हमला के आरोपी तहव्वुर राणा भारत के प्रत्यर्पण पs रोक लगावे खातिर अमेरिकी सुप्रीम कोर्ट के ‘एसोसिएट जस्टिस’ आ नौवीं सर्किट के सर्किट जस्टिस के सोझा आपात याचिका दायर कइले रहे.  ई आवेदन अमेरिका के शीर्ष अदालत के एसोसिएट जस्टिस एलेना कगन के सोझा पेश कइल गइल.  6 मार्च 2025 के अमेरिकी सुप्रीम कोर्ट के वेबसाइट पs जारी एगो नोट में कहल गईल कि, “जज (एलेना) कगन आवेदन के खारिज कs देले।” 

राणा भारत से डेराईल बा

मुंबई में 26/11 के आतंकी हमला के आरोपी तहव्वुर राणा अमेरिका के लॉस एंजिल्स के ‘मेट्रोपॉलिटन डिटेंशन सेंटर’ में बंद बाड़े।  राणा अमेरिका के सुप्रीम कोर्ट में दायर याचिका में दावा कइले बाड़न कि पाकिस्तानी मूल के मुसलमान होखला के चलते भारत में उनुका के यातना दिहल जाई.  उs यातना देवे के धमकी के बात कईले रहले।  तहव्वुर राणा 64 साल के बाड़े अवुरी उनुकर पहचान पाकिस्तानी-अमेरिकी आतंकी के रूप में भईल बा।  राणा मुंबई हमला के मुख्य साजिशकर्ता में से एगो डेविड कोलमैन हेडली के भी करीबी सहयोगी रहल बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]