अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव में डोनाल्ड ट्रंप के जीत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2024

  डोनाल्ड ट्रंप के जादू अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव में एक बेर फेरु से काम कइले बा. एह चुनाव में ऊ जीत के कमला हैरिस के हरा दिहले बाड़न. फॉक्स न्यूज के हवाला से ई

Share

डोनाल्ड ट्रंप

 

डोनाल्ड ट्रंप के जादू अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव में एक बेर फेरु से काम कइले बा. एह चुनाव में ऊ जीत के कमला हैरिस के हरा दिहले बाड़न. फॉक्स न्यूज के हवाला से ई जानकारी सामने आइल बा. अइसना में साफ बा कि अब अमेरिका के कमान डोनाल्ड ट्रंप के हाथ में हो जाई.

कब पैदा भइल रहले, शुरुआती जिनगी कइसन रहे?

डोनाल्ड ट्रंप के जनम 14 जून 1946 के न्यूयार्क में भइल रहे। उनुकर परिवार पहिलही से काफी अमीर रहे, एहसे कहल जात रहे कि ट्रंप के जन्म चांदी के चम्मच लेके भईल बा। जब ट्रंप छोट रहले तs उनुकर महतारी बेमार होखे लगली अवुरी उनुका बचपन में उनुका महतारी से प्यार कम मिलत रहे। एही से पिता के प्रभाव ट्रंप पs जादे रहे।

ट्रंप राजनीति में आवे से बहुत पहिले अरबपति रहले

ट्रंप अमेरिकी राष्ट्रपति पद पs दावा करे से बहुत पहिले अमेरिकी अरबपति रहले। उनुका के रियल एस्टेट के मुग़ल कहल जात रहे। अमेरिकी मीडिया में भी अक्सर इनके उजागर कइल जात रहे आ अपना बेबाक प्रचार शैली से कई गो अनुभवी राजनेता लोग के हरा दिहलें।

साल 2000 में ट्रंप के “द अप्रेंटिस” नाँव के टीवी शो से बहुत मान्यता मिलल। ऊ एह शो के होस्टिंग करत रहले जवना चलते ऊ काफी लोकप्रिय हो गइलन.

राजनीति में कब अइले?

असल में उs राजनीति में रुचि साल 1980 में लेले रहले। बाकिर 2015 में रिपब्लिकन पार्टी के तहत राष्ट्रपति पद खातिर उम्मीदवारी के एलान कइलें आ 2016 के राष्ट्रपति चुनाव में डेमोक्रेटिक पार्टी के उम्मीदवार हिलेरी क्लिंटन के हरा दिहलें। एकरा के ट्रंप के राजनीतिक कैरियर के असली शुरुआत मानल जाला। 2020 के राष्ट्रपति चुनाव में ट्रंप के जो बाइडेन से हरा दिहल गइल रहे।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.