Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमेरिकी राष्ट्रपति बाइडेन सितंबर में भारत के दौरा करीहें, 2024 दुनो देश के संबंध खातिर एगो बड़ होई साल

408

 

अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन सितंबर में भारत आवे के बेसब्री से इंतजार करत बाड़न । दक्षिण आ मध्य एशिया खातिर अपना प्रशासन के एगो व्यक्ति कहले कि भारत-अमेरिका संबंध खातिर साल 2024 एगो बड़ साल होखे वाला बा।

वाशिंगटन: अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन सितंबर में भारत आवे के बेसब्री से इंतजार करत बाड़न। दक्षिण आ मध्य एशिया खातिर उनुका प्रशासन के सहायक विदेश सचिव डोनाल्ड लू के कहना बा कि भारत-अमेरिका संबंधन खातिर साल 2024 एगो बड़हन साल होखे वाला बा।

सगरी देशन के एकजुट करे के मौका – सहायक विदेश मंत्री

दक्षिण आ मध्य एशिया के सहायक विदेश सचिव डोनाल्ड लू गुरुवार के पीटीआई के दिहल साक्षात्कार में कहले कि जी-20 में भारत के नेतृत्व दुनिया में भलाई के ताकत के रूप में खड़ा होखे के क्षमता व्यापक करता। उ कहले कि इ एगो बड़ साल होखे वाला बा। बेशक भारत जी-20 के मेजबानी कर रहल बा।

एह साल अमेरिका APEC के मेजबानी करत बा। जापान जी 7 के मेजबानी क रहल बा। हमनी के QUAD के बहुत सदस्य नेतृत्व के भूमिका निभावेले आ एकरा से हमनी के सभके अपना देश के एक संगे ले आवे के मौका मिलेला।

 

बाइडेन भारत के दौरा करे खातिर बेताब बाड़े

उ कहले कि हमरा मालूम बा कि हमनी के राष्ट्रपति सितंबर में भारत आवे के बेसब्री से इंतजार करतारे। जी-20 नेता शिखर सम्मेलन के तहत उनुकर इ पहिला भारत यात्रा होई। हमनी के सचमुच उत्साहित बानी जा कि अगिला कुछ महीना में का होखे वाला बा।

लू इहे कहले आ फेर आखिर में एह महीना हमनी के नयका राजदूत एरिक गार्सेटी के आगमन। अमेरिकी दूतावास में हमनी के भारतीय आ अमेरिकी स्टाफ उनुकर वाकई में गरमजोशी से स्वागत कइल। उ भारत से मिले के बेसब्री से इंतजार करतारे आ हमरा लागता कि भारत के पाता चल जाई कि उ जवान बाड़े, उ उत्साही बाड़े, आ उ हमनी के रिश्ता के नाया ऊंचाई पे ले जाए खातीर बेताब बाड़े।

भारत बढ़िया काम कइलस

उ कहले कि हमनी के पछिला महीना जी-20 विदेश मंत्री स्तर के बैठक के मेजबानी क के भारत के ओर से कईल गईल जबरदस्त काम खातीर सचमुच आभारी बानी आ हमनी के ए साल सितंबर में होखेवाला नई दिल्ली नेता शिखर सम्मेलन समेत कई गो जी-20 बैठक में सक्रिय रूप से भाग लेवे के उम्मीद बा .. भाग लेबे के बेसब्री से इंतजार बा।

इंडो पैसिफिक के समर्थन खातिर एकजुट होखे वाला देश

उ नोट कईले कि मार्च में डॉ. जयशंकर कुल चार विदेश मंत्रियन के साथे रायसीना डायलॉग में एगो मंत्रिस्तरीय बैठक आयोजन कईले रहले। QUAD के विदेश मंत्री लोग से ई अपना तरह के पहिला सार्वजनिक चर्चा रहे आ एह दौरान ऊ लोग एह बात पे बतियावल कि कइसे हमनी के चारो देश एकजुट होके भारत-प्रशांत के लोग के समर्थन क रहल बाड़े।

साभार- जागरण

 

 

 

525820cookie-checkअमेरिकी राष्ट्रपति बाइडेन सितंबर में भारत के दौरा करीहें, 2024 दुनो देश के संबंध खातिर एगो बड़ होई साल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.