डोनाल्ड ट्रंप बनिहें अमेरिका के 47 वां राष्ट्रपति, US मीडिया कइलस जीत के दावा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2024

  अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव में वोट देबे के नतीजा सामने आवे लागल बा. रिपब्लिकन पार्टी के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप अपना प्रतिद्वंद्वी कमला हैरिस से बहुते आगे बाड़न. ओने फॉक्स न्यूज दावा कइले बा कि

Share

US Elections

 

अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव में वोट देबे के नतीजा सामने आवे लागल बा. रिपब्लिकन पार्टी के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप अपना प्रतिद्वंद्वी कमला हैरिस से बहुते आगे बाड़न. ओने फॉक्स न्यूज दावा कइले बा कि डोनाल्ड ट्रंप अमेरिका के नयका राष्ट्रपति होखीहें. डोनाल्ड ट्रंप अमेरिका के 47वां राष्ट्रपति बन जइहें. अब ले के नतीजा में ट्रंप कमला पs बहुत बड़ बढ़त बना लेले बाड़े।

7 स्विंग राज्य में ट्रम्प के चमत्कार

रिपब्लिकन पार्टी के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप स्विंग स्टेट भा बैटल ग्राउंड स्टेट में कमाल कइले बाड़न. ऊ नार्थ कैरोलिना आ जॉर्जिया में जीत हासिल कइले बाड़न. एकरा साथे ही बाकी 5 राज्य एरिज़ोना, मिशिगन, नेवादा, पेंसिल्वेनिया अवुरी विस्कॉन्सिन में उs अपना प्रतिद्वंदी कमला हैरिस से बहुत आगे बाड़े।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.