[the_ad_group id="30365"]

Kota news:गणेश चतुर्थी के बधाई संदेश डिलीट कइला पऽ हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के कोटा में एगो स्कूल के व्हाट्सएप ग्रुप से गणेश चतुर्थी के शुभकामना डिलीट कइल स्कूल प्रिंसिपल के महंगा पड़ गइल। खिसिआइल ग्रामीण स्कूल में जम के हंगामा कइले। बाद में ग्रामीण लो के शिकायत पs प्रिंसिपल के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। मामला कोटा ग्रामीण के बपावर थाना के लटूरी गांव के हऽ।

जानकारी के मुताबिक, बपावर थाने के लटूरी गांव में शनिचर के जमके हंगामा भइल। मामला गणेश चतुर्थी पs भगवान गणपति के शुभकामना देवे के रहे। एह मामला में ग्रामीण स्कूल प्रिंसिपल पs शुभकामनाएं डिलीट करे के आरोप लगवले। इसके बाद स्कूल के बाहर हंगामा भइल आ स्कूल प्रिंसिपल के हटावे के मांग उठावल गइल। एह मामला में ग्रामीण के शिकायत पs पुलिस मौका पs पहुंचल। ग्रामीण प्रिंसिपल के हटावे खातिर ज्ञापनो देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]