[the_ad_group id="30365"]

UP Weather : आजु आ काल लखनऊ मेरठ आ बनारस समेत कई गो शहरन में तेज बारिश के आसार, अलर्ट जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मौसम के चलते यूपी में अगिला दु दिन तक राहत मिली। गुरुवार अवुरी शुक्रवार के लखनऊ, मेरठ, कानपुर अवुरी बनारस समेत बहुत जिला में भारी बरखा हो सकता।

अगर बादल के नमी के साथ मिलल त गुरुवार अवुरी शुक्रवार के लखनऊ, मेरठ, कानपुर, बनारस समेत कई जिलन में भारी बरखा हो सकेला। बुध के दिने लगभग पूरा दिन पानी से भरल बादल घूमत रहल। लेकिन स्थानीय स्तर पs पर्याप्त नमी के सहारा ना मिलला के चलते छिटपुट बरखा होखत रहे। हालांकि पिछला 24 घंटा के दौरान दिन-रात तापमान में गिरावट से राहत मिलल बा।

मौसम विभाग 29 आ 30 जून के गरज के साथे बरखा के अनुमान लगवले बा। इ पूर्वानुमान 27 जून के भी रहे, लेकिन लोगबाग बरखा के इंतजार करत रह गइले। मौसम वैज्ञानिक लोग के मुताबिक, वायुमंडल में पर्याप्त नमी के कमी के चलते अयीसन भईल। बुधवार के सबेरे नमी 96 प्रतिशत रहल, जवन दिन में घट के 76 प्रतिशत हो गईल।

बीएचयू के मौसम वैज्ञानिक प्रो. मनोज श्रीवास्तव कहले कि हालात अनुकूल देखाई देता। एहसे अगिला दु दिन तक बढ़िया बरखा के संभावना बा। किसान भी अब धान प्रत्यारोपण के लिए अच्छा बारिश के इंतजार क रहल बाड़े। अधिकांश किसान के धान के नर्सरी रोपनी खातीर तैयार बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]