[the_ad_group id="30365"]

UP Weather Alert: यूपी के करीब पहुंचल मानसून, 13 से अधिक शहरन में काल्ह से भारी बरखा के चेतावनी; यलो अलर्ट जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Weather Alert:  एतवार के 12 से अधिक शहरन में बरसात रिकार्ड भइल बा। जवना शहरन में बारिश भइल बा, ओमे आगरा, अलीगढ़, बहराइच, बरेली, फुरसतगंज, गोरखपुर, हमीरपुर, झांसी, कानपुर, मेरठ, प्रयागराज, वाराणसी आ आसपास के इलाका शामिल बा।

उत्तर प्रदेश में मानसून पूर्व बरसात जारी बा। एह बीच मानसून एक्सप्रेस मध्य प्रदेश आ छत्तीसगढ़ के अधिकतर भागन के भींजावत प्रदेश के दक्षिणी सीमा (सोनभद्र) के काफी करीब पहुंच चुकल बा। मौसम विभाग अगिला 48 घंटा के भीतर कवनो घरी मानसून के प्रदेश में प्रवेश के घोषणा कऽ सकत बा। मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मोताबिक, मानसून एक्सप्रेस के आगे बढ़े खातिर परिस्थिति पूरा तरे अनुकूल बा। मौसम वैज्ञानिक के मुताबिक, 25 जून से पूर्वी उत्तर प्रदेश जबकि 26 जून से पश्चिमी उत्तर प्रदेश में बरखा के क्षेत्रफल आ तीव्रता में वृद्धि के साथ कहीं-कहीं भारी बरसात हो सकऽता।

एतवार के एह शहरन में भइल बरखा

मौसम विभाग के मोताबिक, एतवार के 12 से अधिक शहरन में बरसात रिकार्ड भइल बा। जवना शहरन में बरखा भइल बा, ओमे आगरा, अलीगढ़, बहराइच, बरेली, फुरसतगंज, गोरखपुर, हमीरपुर, झांसी, कानपुर, मेरठ, प्रयागराज, वाराणसी आ आसपास के इलाका शामिल बा।

पारा में कवनो विशेष बढ़ोतरी नइखे

बरखा, पुरवा हवा के असर के चलते प्रदेश के अलग – अलग शहरन के तापमान में कवनो विशेष बदलाव ना भइल। प्रदेश में अधिकतम तापमान 36 डिग्री से 41.3 डिग्री के बीच रहल। कानपुर, इटावा, प्रयागराज, बस्ती, फतेहगढ़, आगरा में पारा 40 डिग्री से 41.3 डिग्री के बीच रहल। शेष हिस्सन में 40 से नीचे रहल।

आज आ काल्ह भारी बरखा के संभावना वाला इलाका 

आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, संत कबीरनगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्धार्थनगर, गोंडा, बलरामपुर, अम्बेडकरनगर आ आसपास।

घाटा गरजल, बिजुरी गुरल आ तेज झोंकादार हवा के लेकर अलर्ट

बांदा, चित्रकूट, कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर प्रतापगढ़, सोनभद्र, मिर्जापुर, चंदौली, वाराणसी, संत रविदास नगर, जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, संत कबीरनगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्धार्थनगर, गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुरखीरी, कानपुर देहात, कानपुर नगर, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या, अंबेडकरनगर, पीलीभीत, जालौन, हमीरपुर, महोबा, झांसी, ललितपुर, सीतापुर, बिजनौर, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, शाहजहांपुर व आसपास के इलाका।

एह इलाकन में अबहिंयो लू जइसन हालात

बागपत, गाजियाबाद, हापुड़, गौतमबुद्धनगर, बुलंदशहर, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, एटा, आगरा, फिरोजाबाद आ आसपास के इलाकन में गरमी आ लू जइसन हालात परेशान करत रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]