[the_ad_group id="30365"]

UP : प्रयागराज-लखनऊ हाईवे पs बड़ हादसा, ट्रक से टकराके पलटल श्रद्धालुअन के बस, तीन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के प्रतापगढ़ में बड़ सड़क हादसा भइल बा। हादसा में तीन यात्रियन के मौत हो गइल। हादसा में दु दर्जन से बेसी यात्री घायल भइल बा लो, घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मवका पs पहुंचल पुलिस शवन के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देले बिया।

जानकारी के अनुसार, प्रयागराज लखनऊ हाईवे पs कुंडा के हथिगवां के फूलमती के लगे ट्रक से टकराके विंध्याचल जा रहल श्रद्धालुअन के बस पलट गइल। हादसा में तीन यात्रियन के मौत हो गइल आ दु दर्जन से जादे लोग घायल हो गइल। घटना रात करीब 1:00 बजे के बा।

उन्नाव से निजी बस रात के करीब चार दर्जन श्रद्धालुअन के लेके विंध्याचल धाम दर्शन खातिर जात रहे। लखनऊ प्रयागराज हाईवे पs हथिगवां के फूलमती के लगे रात करीब 1:00 बजे सामने से आइल ट्रक से टकराके पलट गइल।

अचानक भइल हादसा से यात्रियन में चीख पुकार मच गइल। पुलिस के संगही स्थानीय लोग मवका पs पहुंचल आ बस से निकालके सब के कुंडा सीएचसी ले आइल। इहां उन्नाव के धाता निवासी रामनारायण के 12 साल के बेटी संध्या, कृष्ण कुमार (50) आ वासु (32) के मृत घोषित कs दिहल गइल। 10 गंभीर घायलन के प्रयागराज रेफर कइल गइल बा। दर्जन भर से अधिक घायलन के कुंडा में इलाज चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]