[the_ad_group id="30365"]

यूपी : ओसामा बिन लादेन के दुनिया के सबसे बढ़िया इंजीनियर बतावे वाला बिजली विभाग के एसडीओ के बर्खास्त क दिहल गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी : ओसामा बिन लादेन के दुनिया के सबसे बढ़िया इंजीनियर बतावे वाला बिजली विभाग के एसडीओ के बर्खास्त क दिहल गईल

फर्रुखाबाद जिला के बिजली विभाग के एसडीओ रविन्द्र प्रताप गौतम के बर्खास्त ककदिहल गइल बा| उ अपना आधिकारिक आवास पे आतंकी ओसामा बिन लादेन के फोटो लगा देले रहले अउरी ओकरा पे ‘वर्ल्ड के बेस्ट अंडरग्रेजुएट इंजीनियर’ लिखले रहले।

यूपी के फर्रुखाबाद जिला के बिजली विभाग के एसडीओ रविन्द्र प्रताप गौतम के बर्खास्त क दिहल गइल बा| उ अपना आधिकारिक आवास पे आतंकी ओसामा बिन लादेन के फोटो लगा देले रहले अउरी ओकरा पे ‘वर्ल्ड के बेस्ट अंडरग्रेजुएट इंजीनियर’ लिखले रहले। घटना के वीडियो वायरल होखला के बाद जांच शुरू कईल गईल|

पूरा बात का बा

फर्रुखाबाद में बिजली विभाग के एसडीओ आतंकी ओसामा बिन लादेन के फोटो उनुका सरकारी आवास पे लगा के उनुका के दुनिया के सबसे निमन अवर इंजीनियर बतवले रहले। एसडीओ के आवास पे चिपकल फोटो सोशल मीडिया पे वायरल हो गईल रहे। वायरल वीडियो के संज्ञान में अधिकारी के ओर से जांच कईल गईल। 31 मई 2022 से जांच शुरू भईल अउरी एसडीओ के निलंबित क दिहल गईल। करीब 10 महीना के जांच के बाद बिजली विभाग के एसडीओ रविंद्र प्रताप गौतम के सरकार के ओर से दोषी साबित होखला के बाद बर्खास्त क दिहल गईल बा।

रविन्द्र प्रताप गौतम नवाबगंज इलेक्ट्रिकल सब स्टेशन फर्रुखाबाद में अनुमंडल अधिकारी (एसडीओ) के पद पे तैनात रहने। डरावना आतंकी ओसामा बिन लादेन के फोटो उनुका पावर हाउस परिसर में स्थित गेस्ट रूम में देखल गईल। एकरा पे लिखल रहे, पूज्य ओसामा बिन लादेन, विश्व के सर्वश्रेष्ठ स्नातक इंजीनियर।

 

ओसामा बिन लादेन के ई फोटो केहू वीडियो बनवले रहे आ ऊ वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल हो गइल| वीडियो वायरल भईला के बाद एसडीओ फोटो हटा देले। सोशल मीडिया पे वीडियो वायरल होखे के जानकारी मिलला के बाद इंजीनियर भूमिगत हो गईले।

 

एकरा बाद वायरल वीडियो के जांच के बाद अनुमंडल अधिकारी (एसडीओ) रविंद्र प्रताप गौतम के निलंबित क दिहल गईल। 10 महीना के जांच के बाद अब अनुमंडल अधिकारी (एसडीओ) रविंद्र प्रकाश गौतम के सरकार दोषी मान के बर्खास्त क देले बा| साभार- इंडिया tv

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]