[the_ad_group id="30365"]

यूपी: होमगार्ड के स्वयंसेवक के बहाली ,पुलिस के तर्ज पs होई, लिखित परीक्षा सिपाही बहाली नियन होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नया नियम में पुलिस बहाली नियन नियम बनावल जाई, ताकि होमगार्ड केहु से कम ना होखे आ बाकी सुरक्षा बल नियन उहो कानून व्यवस्था आ सुरक्षा से जुड़ल महत्वपूर्ण काम पूरा भरोसा के संगे कs सकेले।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निर्देश के पालन करत सरकार होमगार्ड के स्वयंसेवक के बहाली खातीर नया नियम बनावे के प्रक्रिया शुरू कs देले बिया। खास बात ई बा कि अब होमगार्ड के बहाली पुलिस के तर्ज पर हो जाई। ओह लोग के चयन लिखित परीक्षा का बाद कइल जाई। बता दीं कि पहिले होमगार्ड के बहाली खाली शारीरिक दक्षता परीक्षण आ स्वास्थ्य परीक्षण के बाद मेरिट के आधार पर होखत रहे।

जदी सूत्रन पs विश्वास कइल जाव तs होमगार्डन के बहाली खातिर दशकन पुरान व्यवस्था खतम कर दिहल जाई। नया नियम में पुलिस बहाली नियन नियम बनावल जाई, ताकि होमगार्ड केहु से कम ना होखे आ बाकी सुरक्षा बल नियन उहो कानून व्यवस्था आ सुरक्षा से जुड़ल महत्वपूर्ण काम पूरा भरोसा के संगे कs सकेले। बता दीं कि मुख्यमंत्री हाल ही में 42 हजार होमगार्ड के बहाली के एलान कइले रहले। ऊ दु चरण में बहाली करे के कहले रहले। लिखित परीक्षा करावे वाला निष्पादक संगठन के नाम भी नया नियम में तय कइल जाई। एकरा अलावे पुरुष के 1500 मीटर आ महिला के 400 मीटर दौड़ में शारीरिक दक्षता के परीक्षण में भी बदलाव हो सकता। नया नियम में बहाली में पूर्व सैनिक, एनसीसी, आपदा मित्रा आदि पर विशेष ध्यान दिहल जाई।

2011 के बाद से कवनो बहाली ना भइल

बता दीं कि पिछला 13 साल से होमगार्ड के बहाली नइखे होखत। एकरा चलते अगिला पांच साल में लगभग 25 हजार वर्तमान में काम करेवाला होम गार्ड रिटायर हो जइहे, जवना से कर्मचारी के बहुत बड़ संकट पैदा होई। साल 2011 में जारी सरकारी आदेश के मुताबिक साल में दु बेर होमगार्ड के स्वयंसेवक के बहाली के प्रावधान कइल गइल रहे। हर साल 31 मार्च आ 30 सितंबर के रिक्ति के खिलाफ बहाली करे के नियम बनावल गइल। सीधा बहाली करे के अधिकार विभागीय चयन समिति के दिहल गइल।

बहाली के अभाव में हालात बिगड़ल जात बा पिछला 13 साल से होमगार्ड के स्वयंसेवक के बहाली ना होखे के चलते। उत्तर प्रदेश होमगार्ड संगठन खातिर केंद्र सरकार के ओर से मंजूर स्वयंसेवक के संख्या 1,18,348 बा, जवना के मुकाबले फिलहाल मात्र 75,808 लोग रोजगार पs बाड़े। एहमें से 38,072 लोग के उमिर 50 से 60 साल के बीच बा। पिछला एक साल का भीतर 5 हजार से अधिका होमगार्ड रिटायर हो गइल बाड़े।

नियम बनावल जा रहल बा 

मुख्यमंत्री के निर्देश पs सरकार के ओर से गृहरक्षक के बहाली खातीर नियम तैयार कइल जाता। अबकी राज्य पुलिस में सिपाही के बहाली के तर्ज पs होमगार्ड के बहाली कइल जाई। एकरा में लिखित परीक्षा के नियम भी शामिल होई। होमगार्ड के स्वयंसेवक कई मौका पs आपन उपयोगिता आ दक्षता साबित कइले बाड़े। एही कारण से दशकों पुरान व्यवस्था के खतम कs के बहाली नया तरीका से कइल जाई।धर्मवीर प्रजापति, होमगार्ड मंत्री

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]