[the_ad_group id="30365"]

UP Rains: मौसम विभाग के नया भविष्यवाणी, यूपी में तीन दिन ले बरखा आंधी- तूफान, खातीर जारी भइल अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी में बरखा : यूपी में आजकल आसमान से आग बरसत बा। लोग गरमी से त्रस्त बा। बेहद गरमी पिछला 5 साल के रिकार्ड तोड़ देले बा। कई जिला में पारा के तापमान 48 डिग्री के आसपास पहुँच गइल बा। चुनावी उमंग के बीच मौसम के गरमी भारी होखता। एही बीच मौसम विभाग पूर्वी यूपी के जिला में अगिला तीन दिन ले गरज अवुरी बरखा के अलर्ट जारी कईले बा। जबकि पश्चिमी यूपी में गरम हवा बही।

यूपी में एह साल के गरमी पिछला पांच साल के रिकार्ड तूड़ देले बा। साल 2019 के बाद 2024 में मई महीना एतना गरम रहल बा। हैरानी के बात इs बा कि राज्य के अधिकतम तापमान 48 डिग्री सेल्सियस ले पहुंच गईल बा। न्यूनतम तापमान 32 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल। दुनों तापमान अपना सामान्य डिग्री सेल्सियस से पांच से छह डिग्री सेल्सियस अधिका बा। अइसना में सब केहू जानल चाहत बा कि गरमी से कब राहत मिली? मौसम विभाग पूर्वी यूपी के जिला में तीन दिन ले बरखा आ गरज के अंदाजा लगवले बा। जवना के चलते पूर्वी यूपी में गरमी से कुछ राहत मिले के उम्मीद बा। बाकिर पश्चिमी यूपी में मौसम के हालात बरकरार रही. पूर्वी यूपी में पश्चिमी गड़बड़ी के चलते मौसम विभाग आज से 3 दिन ले गरज अउरी बरखा के अलर्ट जारी कईले बा।

यूपी में अधिकतम तापमान 48 डिग्री के आसपास पहुंच गईल बा। जहां बाराबंकी, हरदोई, कानपुर शहर, कानपुर देहात, लखीमपुर खेरी, गोरखपुर अवुरी वाराणसी समेत बलिया बलिया चुर्क, बहराइच अवुरी प्रयागराज में अधिकतम तापमान 42 से 45 डिग्री के बीच दर्ज भईल। जबकि न्यूनतम तापमान 28 से 30 डिग्री के बीच रहे। फतेहपुर बांदा, सुल्तानपुर, फैजाबाद, फुरसतगंज, गाजीपुर, फतेहगढ़, बस्ती, झांसी, उरई आ हमीरपुर में तापमान 42 से 46 डिग्री के आसपास रहल। जबकि न्यूनतम तापमान 30 से 32 डिग्री के आसपास रहल बा।

एह जिलन में तीन दिन ले आंधी, तूफान, बरखा के अलर्ट

बलिया, आजमगढ़, मऊ,देवरिया, कुशीनगर, गोरखपुर, महाराजगंज, बहराइच, बलरामपुर, श्रावस्ती, गोंडा, वाराणसी,चंदौली, जौनपुर, गाजीपुर,बस्ती,संत कबीर नगर, सिद्धार्थनगर, बस्ती,अम्बेडकर नगर, अमेठी, बाराबंकी, सुल्तानपुर, अयोध्या जिले शामिल है।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]