[the_ad_group id="30365"]

यूपी पुलिस के बड़ कदम, संभल में जामा मस्जिद के ठीक सामने बनी पुलिस चौकी

Siwan News : मध्याह्न भोजन योजना में गड़बड़ी के ममिला आइल सामने: शिकायत के बाद पहुंचलें प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी-विधायक, प्रिंसिपल के शो कॉज
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाल ही में उत्तर प्रदेश के संभल जिला में बड़ पैमाना पs हिंसा के खबर आईल रहे। असल में कोर्ट के आदेश पs एएसआई के टीम संभल के जामा मस्जिद के सर्वे करे गईल रहे। हालांकि सर्वेक्षण के दौरान बदमाश के ओर से बड़ पैमाना पs हिंसा कईल गईल। एह हिंसा में 4 लोग के मउत हो गईल। एकरा संगे भारी संख्या में पुलिसकर्मी भी घायल हो गईले। अब एs हिंसा के बाद उत्तर प्रदेश पुलिस एगो बड़ कदम उठवले बिया। असल में यूपी पुलिस अब संभल के कोट पूर्वी लोकलटी में स्थित जामा मस्जिद के ठीक सामने पुलिस चौकी बनावे जा रहल बिया। यूपी पुलिस भी एह कदम के कारण बतवले बिया।

यूपी पुलिस का बतवलस?
संभल के जामा मस्जिद के ठीक सामने पुलिस चौकी बनावल जाई। इहाँ 24 घंटा पुलिस तैनात रही।  अपना चौकी के निर्माण खातीर पुलिस संबंधित जगह पs चूना डाल के भी निशान बनवले बिया। यूपी पुलिस भी एs कदम पs आपन रुख पेश कईले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि इहाँ बल के जरूरत बा। एही कारण से चौकी के निर्माण कईल जाई।

मस्जिद पक्ष का कहलस?

अब यूपी के संभल में जामा मस्जिद के ठीक सामने पुलिस चौकी बनावे के कदम पs मस्जिद पक्ष के बयान भी सामने आइल बा। संभल के मस्जिद समिति के लोग के दावा बा कि पुलिस जवना जमीन पs चौकी बनावे के बात करतिया, उs आधा जमीन वक्फ बोर्ड के हs। बाकी जमीन निजी संपत्ति हs। मस्जिद समिति के लोग कहल कि अचानक हमनी के बतावल गईल कि इहाँ पुलिस चौकी बन जाई।

24 नवंबर के उत्तर प्रदेश के संभल में शाही मस्जिद के सर्वेक्षण के दौरान हिंसा भड़कल रहे। एह हिंसा में चार लोग के मउत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल. पुलिस एs मामला में 40 से जादे लोग के गिरफ्तार कs लेले बिया। संभल के नयका पुलिस चौकी के नाम का होई, एकरा बारे में अबे ले पुलिस कवनो जानकारी नईखे देले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]