[the_ad_group id="30365"]

यूपी पुलिस विभाग में बड़ फेरबदल, 11 आईपीएस अफसरन के तबादला, जानीं केकरा के कहां भेजल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी पुलिस विभाग में अतवार के बड़ फेरबदल कइल गइल बा। योगी सरकार छह जिलन के एसपी समेत 11 आईपीएस अफसरन के तबादला कs देलस। बुलंदशहर, रायबरेली, अंबेडकरनगर, देवरिया, हमीरपुर आ मैनपुरी में नाया कप्तान के तैनाती कइल गइल। अनिल कुमार सिंह डीआईजी पीएसी बनावल गइले आ वाराणसी के अपर पुलिस आयुक्त आलोक प्रियदर्शी रायबरेली के पुलिस अधीक्षक बनावल गइल।

शिवम पटेल हमीरपुर के एसपी बनले। संतोष कुमार सिंह के अप्पर पुलिस आयुक्त वाराणसी बनावल गइल। श्लोक कुमार के बुलंदशहर एसपी बनावल गइल। आलोक प्रियदर्शी एसपी रायबरेली बनले। अजीत कुमार सिन्हा एसपी अंबेडकर नगर बनावल गइले। तेज स्वरूप सिंह एसपी कानपुर आउटर आ श्रीपति मिश्रा पुलिस उप महानिरीक्षक पीएसी बनावल गइल लो। संकल्प शर्मा एसपी देवरिया बनले। अशोक कुमार राय पुलिस अधीक्षक संबद्ध मुख्यालय पुलिस महानिदेशक लखनऊ आ कमलेश दीक्षित पुलिस अधीक्षक मैनपुरी बनावल गइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]